भोजपुरी खातिर एक दिन


भोजपुरी भाषा के मान्यता ला आंदोलन चलावत “भोजपुरी जन जागरण अभियान” रउआ सभे से निहोरा आ निवेदन कर रहल बा कि भोजपुरी भाषा के मान सम्मान बचा के राखे खातिर दिल्ली में महाधरना 21 फरवरी 2017 के होखे जा रहल बा. एह धरना में भोजपुरिया भाई बहिन सभे के अधिका से अधिका जुट बना के शामिल होखे के निहोरा कइल जात बा.

भोजपुरी भाषा के अस्तित्व के बचा के राखे खातिर आ भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तर लगातार प्रयास कइल जा रहल बा, बइठक हो रहल बा, प्रधानमंत्री के नामे पोस्टकार्ड अभियान चलावल जा रहल बा. ट्वीटर आ सोशल मीडियो प अभियान चलावल जात बा, ज्ञापन आ माँग पत्रो दीहल गइल बा.

भोजपुरी जन जागरण अभियान के हर एक भोजपुरिया सिपाही अपना अपना क्षेत्र में लोग के जागरूक कर रहल बाड़े. एह बैनर के माध्यम से दिल्ली के जंतर मंतर पर अब ले पाँच गो धरना प्रदर्शन हो चुकल बा. सरकार का ओर से सकारे के भरोसो मिलल बा बाकि संसद में अबहीं ले भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता देबा वाला प्रस्ताव नइखे आइल.

एही सब ले के “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले छठवाँ विशाल धरना प्रदर्शन के आयोजन 21 फरवरी 2017 अंतर्राष्ट्रीय माईभाषा दिवस का दिने कइल गइल बा जवना में भोजपुरी के साहित्यकार, रंगकर्मी, गायक-कलाकार, पत्रकार, समाजसेवी आ भोजपुरी के समस्त संस्था के प्रतिनिधि आ सदस्य, भोजपुरी के नेही स्नेही प्रेमी लोग शामिल होइहे.

तमाम भोजपुरी भाषा-भाषी लोग से निहोरा बा कि ज्यादा से ज्यादा संख्या में पहुँच के एह भोजपुरिया आंदोलन के हिस्सा बने सभे. भोजपुरी खातिर एक दिन, आई सभे, सभे केहु के हृदया से स्वागत बा.

– निवेदक,
भोजपुरी जन जागरण अभियान

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।