भोजपुरी खातिर मर मिटे के तइयार बाड़न विनय आनन्द


भोजपुरी हमार आन बान आ शान ह. ई बाति भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द पिछला दिने एगो विदेशी पत्रिका के दिहल साक्षात्कार में कहले बाड़न. विनय आनन्द अबले पचासन भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल बाड़न आ दर्शक उनुका के हाथो हाथ उठा लिहले बाड़न. अपना सफलता के श्रेय दर्शकन के प्यार के देत विनय आनन्द आभार जतवले बाड़न. साथ ही निर्माता निर्देशको लोग के धन्यवाद दिहले बाड़न कि ओह लोग का सहयोग से विनय आनन्द के अतना सफलता मिलल बा कि आजु उनका के गाँवगाँव मे् चिन्हल जा रहल बा. एह साल विनय आनन्द हिन्दी फिल्मन में काम करत एगारह साल पूरा कर लीहें. विनय आनन्द के अगिला फिल्म “साँवरिया आई लव यू” जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में एक्शन रोमांस आ फेमिली ड्रामा के बहुते बढ़िया मिश्रण बा आ दर्शक एहू फिल्म के खूबे पसन्द करीहें. विनय आनन्द कहले कि ऊ बालीवुडो फिल्म में काम करेले बाकिर उनुका खुशी मिलेला अपना के भोजपुरिया स्टार कहाये में.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।