भोजपुरी गायक गोपाल राय पर लूट के मुकदमा

देरी से आइल एगो खबर में बतावल गइल बा कि भोजपुरी गायक गोपाल राय अपना एगो साथी संगे यमुना चौक के एगो इलेक्ट्रानिक दुकान से पचास हजार नगदी आ सोना के एगो सिकड़ी लूट ले गइले. दुकान के मालिक पिछला २१ जून के थाना में केस दर्ज करवले बाड़े कि बलिया के भरौली के रहेवाला गोपाल राय अतवार का दिने अपना साथी उजियार के अजय राय का संगे आ के लूट के ई वारदात कइलन. पुलिस मामिला के तफतीश में बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।