भोजपुरी गायिका कल्पना के मिलल चार गो नामांकन


देश के मशहूर संगीत सम्मान समारोह “बिग आई एम ए स्टार अवार्ड” में लोक संगीत के चार गो शीर्ष में भोजपुरी गायिका कल्पना के म्यूजिक अलबम “आगे बिलईया पीछे छठि मईया” के नामांकन मिलल बा. रिलायंस आयोजित एह समारोह के जूरी में जावेद अख्तर जइसन शख्सियत शामिल बाड़े आ अतना प्रतिष्ठित पुरस्कार समारोह में नामांकित होखला पर कवनो गायक गायिका खुशी से झूम उठी. इहो पहिलके बेर भइल बा कि एह संगीत पुरस्कार खातिर कवनो भोजपुरी अलबम के नामांकित कइल गइल बा. भोजपुरी के लोकप्रिय गायिका हिन्दी फिल्मनो में गावेली. हालही में अक्षय कुमार के “खट्टा मीठा” आ अजय देवगन के “आक्रोश” फिल्म खातिर कल्पना के गावल गीत खूब लोकप्रिय भइल बाड़ी सँ. पुरस्कार समारोह मुंबई में एही ११ मार्च के होखे जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    ई त कल्पना जी के विरोध करेवाला लोगन खातिर बड़ी शुभ समाचार बा . असम के कोईलिया भोजपुरी संगीत के डाल-डाल पे फुदुकत बिया .आ अपन मीठी -मीठी सुर के तान दुनिया भर के लोगन के कान में भरत बिया . भोजपुरी संगीत के शिखर तक पहुँचावे में कल्पना के बहुत बड़हन योगदान बा .
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

  2. haridavar yadav

    dear our bhojpuri faimaly hamre taraf se sabke ram ram

  3. manoj singh

    this is good news for bhojpuri world

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।