भोजपुरी गीतन में अंजोरिया

दुनिया में जब पहिलका वेबसाइट के शुरुआत करे चलनी त पहिला फैसला करे के पड़ल एकरा नाम का बारे में. कवनो वणिक बुद्धि ना लगा के सहज मन से जवन नाम धेयान में आइल ऊ रहल – अंजोरिया.

अइसनो ना रहल कि ई नाम अइसहीं मन में आ गइल. जब अपना संतानन के नाम राखे के होला त आदमी ऊ नाम रखेला जवना पर ओकर श्रद्धा होला. अंजोरिया नाम से भोजपुरी के एगो पत्रिका पश्चिम बंगाल के हुगली से छपत रहे. ओकरा बारे में बहुत कुछ मन में ना रहे, रहल त ओकरा कलेवर के छवि. बहुते खूबसूरत आर्ट पेपर पर ओकर कवर छपल करे आ ऊ छवि मन में बस गइल रहुवे. बस इहे कारण रहल एह नाम धराई का पीछे. अब अंजोरिया डॉटकॉम के एकइसवां साल चलत बा.

भोजपुरी गीतन में अंजोरिया के जिक्र खूब आवेला आ ओकर कवनो नाता एह अंजोरिया वेवसाइट से ना होखला का बावजू्द अंजोरिया शब्द सुन के मन प्रसन्न हो जाला. आजु यूट्यूब पर भोजपुरी वीडियो देखत घरी मन क गइल कि काहे ना भोजपुरी गीतन में अंजोरिया सर्च कर के देखीं कि कतना गाना में अंजोरिया के जिक्र बावे. कई गो गाना मिलली सँ आ ओही में से एगो गीत रउरो के सुनावत बानीं. रउरो चाहीं त अपना पसन्द के गीत अंजोरिया के नेही से साझा कर सकीलें. बस लॉगिन करीं आ नीचे कमेंट बॉक्स में ओकर लिंक डाल दीं.

मनोज तिवारी के गावल ई गाना दस बरीस पुरान हवे आ एकरा के अबहीं ले करीब पौने तीन करोड़ लोग देख चुकल बा.

टी सिरीज के चैनल पर डालल ई गीत फिलिम देवा खातिर शब्बीर अहमद लिखले रहलन आ लाल सिन्हा एकर संगीत दिहलें. सीन में मनोज तिवारी का साथे भाग्यश्री अभिनय कइले बाड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।