‘भोजपुरी दबंग’ के मालिक बनलें मनोज तिवारी आ आनंद यादव

Dabang-ownersसिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी अब सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) में उतरल भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ के एगो बड़हन दाम दे के खरीद लिहले बाड़न. एह काम में उनकर पटीदार बाड़ें नवजवान उद्योगपति आनंद यादव. मनोज तिवारी एही टीम के कप्तानो हउवे. क्रिकेट में पहिला बार अइसन भइल बा कि कवनो कप्तान अपने टीम खरीदले होखे.

साल 2010 में चार गो टीम से शुरू भइल सीसीएल हर साल नया नया ऊंचाई छूवत बा. साल 2011 में केरला स्ट्राइकर आ बंगाल टाइगर्स एहमें शामिल भइल त साल 2013 में शुरु होखत एह क्रिकेट लीग में मनोज तिवारी के टीम ‘भोजपुरी दबंग’ आ रितेश देशमुख के टीम ‘वीर मराठी’ के शामिल भइला से आठ गो टीम हो गइल बा.

भोजपुरी दबंग टीम के मैनेजर विकास सिंह वीरप्पन से मिलल जानकारी मुताबिक अम्बिका ग्रुप के चेयरमैन आनंद यादव आ मनोज तिवारी एह टीम के देखरेख करीहें. टीम आपन पहिला मैच नौ फरवरी के तमिल फिल्म इंडस्ट्रीज़ के टीम चैनई राइजिंग से कोच्ची में खेली. टीम में कप्तान मनोज तिवारी, उपकप्तान दिनेशलाल यादव निरहूआ, रवि किशन, पवन सिंह, उत्तम कुमार, प्रवेश लाल, खेसारी लाल, विक्रांत, विकास सिंह, संतोष सिंह, सुशील सिंह, प्रकाश जैस , अनिल सम्राट, अजय शर्मा आदित्य ओझा, अभय सिन्हा वगैरह शामिल बाड़ें.

आनंद यादव के अम्बिका ग्रुप हाल ही में फिलिम बनावे के कामो में डेग धइले बा आ दीपिका मूवीज के बैनर में “धारा 144” नाम के फिलिम के घोषणो हो गइल बा जवना में मनोज तिवारी मुख्य भूमिका में बाड़न. आनंद यादव आ मनोज तिवारी के भोजपुरी दबंग टीम के मालिकाना हक़ खरीदला पर भोजपुरी इंडस्ट्रीज़ खुशी जतवले बा. अम्बिका ग्रुप लिमिटेड के सी इ ओ निशांत मोहन, सी ओ ओ रोहिंटन लूथ, सी टी ओ अजय रजक, सी एफ ओ विवेक गुप्ता आ सी एल ओ प्रशांत जाधव आनंद यादव अउर मनोज तिवारी के बधाई दिहले बाड़ें.


(उदय भगत आ शशिकांत सिंह के अलग अलग रपट से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।