"भोजपुरी दबंग" देखवलसि पहिलका दबंगई

dabang-teamसेलिब्रटी क्रिकेट लीग सी.सी.एल. में उतरे जात मनोज तिवारी के कप्तानी आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के उपकप्तानी वाली ‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम एह घरी मुंबई में दिग्गज क्रिकेट टीमन संगे प्रैक्टिस मैच खेले में लागल बिया. मकसद एके गो बा कि केहू से कम नइखे रहे के. पिछला दिने टीम मुंबई में दू गो क्रिकेट मैच खेललसि. पहिला मैच जुहू के पी.ए. म्हात्रे ग्राउण्ड में भइल आ दुसरका वीनस ग्राउण्ड, गोरेगांव में.

पहिला प्रैक्टिस मैच में सामने वाली टीम के कप्तान रहले आसिफ जबकि दुसरका के मोहम्मद इंजाम. पहिला मैच में टॉस जीत के बल्लेबाजी करे उतरल टीम के ओपनिंग करे अइलें मनोज तिवारी आ प्रवेशलाल यादव. प्रवेश बेहतर प्रदर्शन कइलन आ चार गो चौका आ एगो छक्का मिलावत 29 रन बनवले. बाद में खेले आइल निरहुआ 6 गो चौका आ एगो छक्का मारत कुल 48 रन बनवले. सबले शानदार रहले उत्तम तिवारी जे 6 चौका आ 3 छक्का मिला के रन बनवले. आदित्य ओझा 16 रन, सुधीर सिंह 5 रन, आ खेसारीलाल यादव आखिरी गेंद पर दू गो रन बनवले. कुल मिला के टीम के रन रहल 181. बालिंग करत प्रकाश जैस 3 विकेट, दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ एक विकेट, आ आदित्य ओझा दू गो विकेट लिहले आ टीम मैच जीत गइल.

दोसरका मैच में मनोज तिवारी नौ चौका आ 3 छक्का समेत 60 रन बनवले आ उहो 31 बॉल पर. प्रवेशलाल दू गो चौका मिला के 18 रन, उत्तम तिवारी 19 रन, अजय शर्मा 3 चौका मिला के 16 रन, आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ दू गो चौका से 8 रन बनवले. बाकिर टीम हार गइल.

अगिला प्रैक्टिस मैच एगो बरियार टीम से होखे वाला बा जवना के तइयारी में टीम मैनेजर विकास सिंह क देखरेख में अभ्यास जारी बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।