भोजपुरी पंचायत पत्रिका के सितम्बर अंक के ईबुक सोझा बा. अबकी के अंक मे बहुते कुछ मिलल पढ़े के. जइसे कि ओमप्रकाश अमृतांशु के लिखल मैथिली भोजपुरी अकादमी के कवि सम्मेलन के रपट भोजपुरी में, प्रभाकर पाण्डेय के लिखल भोजपुरी व्यंग लेख नेता काका, पत्रिका के एक साल पूरा भइला पर दिल्ली में भइल आयोजन के भोजपुरी रपट ओमप्रकाश अमृतांशु का कलम से, दिवाकर मणि के लिखल भोजपुरी व्यंग रचना, बतकुच्चन के एगो कड़ी, मारीशस के कवि डा॰ हेमराज सुन्दर के कुछ कविता, केशव मोहन पाण्डेय के हालही मं प्रकाशित कहानी संग्रह कठकरेज से एगो भोजपुरी कहानी “लिट्टी”, आ भोजपुरी गीतकार बिपिन बहार के लिखल भोजपुरी लेख “उचकल मन”. एकरा साथही भोजपुरी सरोकारन से जुड़ल कई गो लेख आ रपट बाड़ी स एह अंक में, जइसे कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में पूर्वांचली वोटन के महत्व पर एगो लेख, भोजपुरी पंचायत पत्रिका में नियमित रुप से लिखेवाला कलम के सिपाहियन के बारे में जानकारी, भोजपुरी लोकगीतन पर संतोष कुमार के लिखल शोध लेख, मारीशस के गिरमिटिया इतिहास का बारे में जानकारी देत मारीशस के साहित्यकार डा॰ सरिता बुधू के लेख, मारीशस के भोजपुरी संस्कृति पर लिखल आगरा भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अशोक चौबे के लेख वगैरह बाड़ी सँ. कुल मिला के हमरा एह बात के खुशी बा कि शायद पहिला बेर एह पत्रिका में भोजपुरी में भा भोजपुरी सरोकारन से जुड़ल एतना रचना पढ़े के मिलल बा. अगर रउरा अबहीं ले भोजपुरी पंचायत के सितंबर अंक डाउनलोड नइखीं कइले त आजु जरूर करीं. पढ़ के मन खुश हो जाई आ रउरा एह अंक के सम्हार के राख लेब आगे खातिर.
एह अंक खातिर पत्रिका संपादक कुलदीप कुमार आ पत्रिका से जुड़ल हर आदमी के लाख लाख धन्यवाद देत बानी.
भोजपुरी के विकास यात्रा नीमन होके के चाही , एकरा बदे जवन भी प्रयास होखेला ओकर दिल से सराहना कईल जाव ।
bhojpuri panchayat nam t bada sundar ba bakir nam ke anurup ekar kamo sundar hoit t bhojpuri panchayat aa samaj khatir achha hoit.nam ha bhojpuri panchayt aa kam ba hindi panchayt ii t bhogvadi mansikata ke pahichan ba.bhojpuri panchayt bhojpuri bhasa me chhapi tbe i bhojpuri kahai.bhojpuri ke nam par mal katla se bhojpuri samaj ke garima par aanch aayi.