‘भोजपुरी पंचायत’ के वार्षिक सम्मान समारोह ’सबरंग’ 17 अगस्त के

sabrang13दिल्ली, उत्तर प्रदेश, बिहार आ भोजपुरी भाशा-साहित्य पर गोलियाइल राष्ट्रीय मासिक पत्रिका ‘भोजपुरी पंचायत’ के सालाना महोत्सव 17 अगस्त 2013, शनिचर का दिने साँझ साढ़े चार बजे से दिल्ली के रफी मार्ग पर मौजूद “कंस्टीच्यूशनल क्लब” में होखे वाला बा. एह समारोह में अनेके काम मे लागल नामचीन हस्ती शामिल होखीहें. समारोह के मुख्य उद्देश्य भोजपुरी कला-संस्कृति, साहित्य, सामाजिक आ राजनीतिक का साथही अलग-अलग काम में उत्तर भारत के प्रतिनिधित्व करे वाला आ भोजपुरी इलाका के गौरवान्वित करे वाला लोगन के सम्मानित करे के बा.

एह समारोह के खास आ जरूरी पहलू बा महिला सम्मान, महिला सुरक्षा, मानवीय नैतिकता का बारे में समाज में अलख जगावे पर सलाह-विचार कइल. एकरे एगो कड़ी का रूप में, देश में समाज सुधार के आंदोलन में तेजी ले आवे खातिर पिछला 16 दिसंबर 2012 के दिल्ली का एगो चलत बस में भइल अनैतिक अत्याचार के भुक्तभोगी भारत के बेटी दामिनी के सम्मानित करे खातिर उनकर पिता एह समारोह में शामिल होखीहें आ उनको के सम्मानित कइल जाई. एह कार्यक्रम से संदेश देबे के कोशिश कइल जाई कि देश में महिला वर्ग के बढ़िया से सुरक्षित आ सम्मानित राखल जाव.

एह समारोह में केन्द्रीय गृह राज्यमंत्री आरपीएन सिंह, मुख्य अतिथि रहीहें, संसद सदस्य (लोकसभा) महाबल मिश्रा अध्यक्षता करीहें आ गायक अभिनेता मनोज तिवारी आ भोजपुरी लोक गायक भरत शर्मा खासमखास अतिथि होखीहें, अउर भोजपुरी पंचायत के संरक्षक डॉ. संजय सिन्हा स्वागताध्यक्ष रहीहें.

भोजपुरी पंचायत पत्रिका के संपादक रउरा सभे के सादर आमंत्रित कइले बाड़न.


(भोजपुरी पंचायत)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत स्वागत बा वार्षिक सम्मान समारोह ’सबरंग’ के .

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।