भोजपुरी पंचायत सम्मान से सम्मानित मिस्टर बिहार अब भोजपुरी सिनेमा में

AadityaMohanमॉडलिंग आ थियेटर के दुनिया में अपना आकर्षक व्यक्तित्व आ अभिनय कौशल से दर्शकन के दिल जीतला का बाद मिस्टर बिहार रह चुकल आदित्य मोहन अब सिनेमा का परदा पर आपन मौजूदगी दर्ज करइहें. आदित्य मोहन पटना, दिल्ली, पुणे, जयपुर, मुंबई का साथही देश के दोसरो शहरन में मशहूर फैशन डिज़ाइनरन के रैम्प शो में आपन जौहर दिखा चुकल बाड़ें.

बिहार के बेतिया जिला के जौकटिया गाँव से आवे वाला आदित्य मोहन एक्टिंग के डिप्लोमा आशा चंद्रा एक्टिंग स्कूल से लिहले आ ओकरा साथही थियेटरो में बतौर अभिनेता सक्रिय रहल बाड़ें. हमारी देवरानियाँ, केशव पंडित, संकट मोचन हनुमान वगैरह धारवाहिकन में आदित्य अनेके भूमिका निभा चुकल बाड़न.

आदित्य मोहन अब अपना फिल्मी करियर के शुरुआत भोजपुरी सिनेमा से करे जात बाड़न आ दर्शक उनका के जल्दिए परदा पर देखीहें.

पिछला दिने आदित्य मोहन के दिल्ली में भइल “भोजपुरी पंचायत सम्मान समारोह” में बिहार से मॉडलिंग के दुनिया में झण्डा गाड़े खातिर सम्मानित कइल गइल.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..