भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 9 अप्रैल 2015)

(बुध, 8 अप्रैल के खबर)

  • यमन से भारत के लोग के सही सलामत बचा निकाले के दौर बियफहु का दिने जारी रही. एह बीच सुने में आवत बा कि एगो गिरोह एगो भारतीय के बन्हक बना लिहले बा. 140 गो नर्सन के निहोरा मानत एक दिन के समय अउर दिहल गइल बा. भारत के एह अभियान के बड़ाई सगरी दुनिया में होखत बा आ अमेरिका समेत करीब दू दर्जन देश के नागरिको के निकाले में भारत सहायता कइलसि. दुख के बात बा कि एतना सफल अभियान चलावे वाला जनरल वीके सिंह के एगो टिप्पणी पर छनछनाइल मीडिया उनुका खिलाफ अभियान छेड़ दिहले बावे. मीडिया के एह हिस्सा के शिकायत बा कि ओकरा के प्रेस्या काहे कहल जात बा.
  • काश्मीरी नेतवन के मंजूर नइखे कि कश्मीर से भगावल हिन्दू कश्मीरी पंडितन के दुबारा कश्मीर घाटी में रहे के जगहा मिल पावो. उमर अब्दुल्ला समेत ओहिजा के अलगाववादियन के विरोध का बाद पीडीपी सरकारो एह मामिला से हाथ खींच लिहलसि. एह लोगन के कहना बा कि पंडितन के आवे के बा त आवे लोग आ अपना अपना पुरनका जगहा रहे लोग. मतलब कि तब एह लोग के जब चाहे कचारल जा सकी. अगर एह लोग ला अलगा से शहर बसा दिहल गइल त फेर एह लोग के घाटी से निकालल मुश्किल हो जाई. देखल जाव कि कश्मीरी पंडितन के फेर से बसावे में लागल केन्द्र सरकार एह मसला के हल कइसे निकालत बिया.
  • अपना पार्टी के आपन जागीर बतावत चारा घोटाला आ बिहार के जंगल राज खातिर मशहूर राजद मुखिया लालू के कहना बा कि उनुका बाद उनुकर वारिस उनकर बेटे होखी आ जेकरा एह बात से शिकायत बा से पार्टी छोड़ के जा सकेला. कहलन कि पप्पू यादव उनकर बेटा ना हउवन कि उनका के वारिस बना दीहें लालू. बाकिर ई ना बतवलन कि नयका बने वाला जनता परिवार के गोल में एह खानदानी जागीर के का होखी काहें कि तब एही सिद्धान्त से मुलायम सिंह के बेटा अखिलेश के हक बन जाई सगरी गोलन पर.
  • बियफे से तीन देश के दौरा पर निकलिहें पीएम मोदी. सबसे पहिला पड़ाव फ्रांस में होखे वाला बा औकरा बाद कनाडा आ जर्मनी जइहें. फ्रांस यात्रा में राफेल फाइटर जेट के मुद्दा पर बातचीत हो सकेला.
  • मशहूर रेटिंग एजेन्सी मूडीज के मूड भारत पर सुधरल बा अब ओकरा हिसाब से भारत में निवेश करे लायक हालात बन गइल बा. पिछला सरकार का बेरा मूडीज भारत के नकारात्मक श्रेणी में रखले रहुवे जवना से उठा के अब भारत के सकारात्मक श्रेणी में राख दिहल गइल बा.
  • कोयला घोटाला मे मनमोहन सिंह आ कांग्रेस ला राहत के खबर बा कि एकर सुनवाई साल 2018 से पहिले ना हो पाई. कोर्ट से जारी समन के चुनौती देबे वाली मनमोहन सिंह के याचिका पर फौरी राहत दे दिहला का बाद सुप्रीम कोर्ट एह पर साल 2018 से पहिले सुनवाई ना कर पाई. ना नौ मन तेल हो पाई ना राधा के नाचे के पड़ी.
  • यूपी सरकार के सबले काहिल (आलसी) सरकार बतावत केन्द्रीय रक्षा मंत्री मनोहर पारिकर के कहना बा कि यूपी सरकार समय पर आपन बात कहे खातिर एगो चिठियो ना भेज पावे आ बाद में केन्द्र से ओरहन गावेले. हाल के बरखा से भइल खेती का नुकसान का बारे में यूपी सरकार आपन आकलन अबले केन्द्र का लगे नइखे भेजले.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ के खिलाफ जारी गैर-जमानती वारंट पर बुध का दिने इस्लामाबाद हाई कोर्ट रोक लगा दिहलसि आ उनुका के 27 अप्रैल का दिने अदालत में हाजिर होखे के निर्देश दिहलसि.
  • नीमन दिन आइल एकरे के नू कहल जाला. पहिले मूडी के रेटिंग सुधरल आ अब अमेरिका मान लिहलसि कि भारत के भारतीय विमानन नियामक के सुरक्षा मानक एक नंबर जोग बा आ अब भारतो के कंपनी आपना हवाई जहाज अमेरिका ले उड़ा पइहें.
  • इंडियन प्रीमियर लीग के 8वां संस्‍करण के उद्घाटन मुकाबला में गौतम गंभीर के बल्‍ला खेलते-खेलते अचके में टूट के दु टुकड़ा हो गइल. आर विनय के फेंकल गेना जसहीं बल्ला से लागल बल्ला दू टुकड़ा हो गइल. बरखा का चलते उद्घाटन समारोह दू घंटा देर से शुरु हो सकल.
  • राज्यपाल पद से हटवला का बाद फेरू कांग्रेसी गोल के मेंबरी लेबे खातिर भोपाल में कांग्रेस कमेटी का दफ्तर चहुँप अजीज कुरैशी कहलन कि उनुका के कहल गइल रहुवे कि उत्तरप्रदेश आ उत्तराखंड के सरकार गिरा द बाकिर ऊ तइयार ना भइलन आ एही चलते उनुका के हटा दिहल गइल.
  • यूपी काडर के 1976 बैच से आइल आ मौजूदा चुनाव आयुक्त नसीम जैदी देश के अगिला मुख्य निर्वाचन आयुक्त बनीहें. इनकर कार्यकाल इनका 65 बरीस के होखला तक जारी रही जब साल 2017 में ई रिटायर होखीहें.
  • देवरिया में सेन्द्रल बैंक के शाखा से चोरावल 2 करोड़ 12 लाख रुपिया में से करीब 75 लाख रुपिया एह चोरी में शामिल बोलेरो ड्राइवर का लगे से बरामद करत पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि. सिपाही श्रीप्रकाश का बेटा के 18 लाख रुपिया समेत पहिलहीं गिरफ्तार कइल जा चुकल बा बाकिर असली चोर अबहीं ले हाथे नइखे लागल पुलिस के.
  • बलिया जिला के बिल्थरा रोड मधुबन सड़क पर अखोप गाँव का लगे कुर्मीपुरा के एगो नवही के गोली मार के मुआ दिहले सँ. पुलिस के लागत बा कि ओकर मोटर साईकिल छीने का फेर में ई वारदात भइल जब ऊ गोड़ में गोली लगला का बावजूद मोटर साइकिल के चाभी निकाल के पाकिट में ध लिहलसि आ बदमाशन से अझूरा गइल. तब दुबारा ओकरा पेट में गोली मार दिहले सँ बदमाश. बाद में बगल के लोग ओकरा के अस्पताल ले के चहुँपल तबले ओकर मौत हो चुकल रहे.
  • बैंक से रुपिया निकाल के पोस्टआफिस में जमा करे खातिर ले आवत आजमगढ़ के एगो वकील से सिविल लाईन का लगे थैला छीन लिहले सँ बदमाश. थैला में 4 लाख 80 हजार रुपिया रहुवे.
  • बलिया में बुध का दिने शहीद मंगल पाण्डेय के बलिदान दिवस धूमधाम से मनावल गइल. प्रभात फेरी निकालल गइल. कदम चौराहा पर मंगल पाण्डेय का मूर्ति का सोझा गार्ड आफ आनर दिहल गइल. नगवां में भइल समारोह में मंगल पाण्डेय खातिर भारत रत्न देबे के माँग कइल गइल.
  • छपरा शहर के एगो ठेकेदार के साढ़े तीन बरीस के बेटा के ओकरे किराएदार रहल आदमी उठवा लिहलसि आ ठेकेदार से पन्द्रह लाख रुपिया फिरौती देबे के मांग वाला फोन करवलसि. मंगल के दुपहरिया भइल एह वारदात का बाद मोबाईल सर्विलांस से मामिला के खुलासा भइल आ लड़िका के सकुशल बरामद कर लिहलसि पुलिस. पाँच जने के एह मामिला में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में भाजपा केकरा के नेता बना के चुनाव लड़े एह सवाल में अझूरा गइल बिया. भाजपा के नेता सुशील मोदी पिछला गठबन्हन सरकार में उपमुख्यमंत्री रहलना बाकिर नीतीश के अस पिछलगुआ बन गइल रहलें कि उनकर छवि नीतीश के समर्थक के हो गइल रहे. अब कुछ दोसरो नेता सुशील मोदी के पाछा क के अपने आगा आवल चाहत बाड़ें. भितरघात के अनेसा से बाँचे खातिर संघ से संकेत बा कि बिना केहू के नेता घोषित कइले चुनाव लड़ल जाव आ जीतला का बाद मुख्यमंत्री के चुनाव होखो.
  • आरा टाउन थाना के शिवगंज-शीतल टोला मुहल्ला में बुध का दिने कुछ बदमाश एगो दवा दुकानदार के तीस बरीस के बेटा के गोली मार के मुआ दिहले. बतावल जात बा कि एगो मकलान के मालिकाना ले के चलत पटीदारी के झगड़ा में ई हत्या भइल बा.
  • आरा के वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के दूगो पदाधिकारी बुध का दिने आपन इस्तीफा दे दिहले. पहिले छात्र कल्याण अध्यक्ष के पद से डा.के.एम.सिंह इस्तीफा दिहलन जवना के कुलपति डा.अजहर हुसैन सकार लिहले. बाद में परीक्षा समन्वयक के पद पर सोमारे का दिने योगदान देबे वाला डा.दिवाकर पाण्डेय परीक्षा विभाग के काम करे के तरीका पर सवाल सवाल उठावत पद से इस्तीफा दे दिहलन. बाद में डा.सत्यनारायण सिंह के छात्र कल्याण अध्यक् पद पर नियुक्त क दिहलन कुलपति आ बुध का दिने एकर सूचना जारी हो गइल. परीक्षा नियंत्रक के पद पर डा.प्रसुंजय कुमार सिन्हा के नियुक्ति भ‎इल बा.
  • छपरा जिला के मांझी इलाका के धुसहां गांव में 19 बरीस के एगो नवहिन फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. पुलिस लाश ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि. जान देबे के कारण अबहीं पता नइखे चलल.
  • गोरखपुर के गगहा थाना क्षेत्र में कौड़ीराम से सटले बाबा मंदिर का लगे एगो कबाड़ कारोबारी के मंगल का रात में छूरा घोंप के मुआ दिहल गइल बा. कारोबारी के बाप पुलिस के दिहल बयान में रुपिया लेन देन के झगड़ा में बांसगांव के एगो आदमी पर हत्या के अछरंग लगवले बाड़न. बाकिर मुकदमा में ओकर नाम नइखे लिखल गइल.
  • महराजगंज जिला के श्यामदेउरवा इलाका में मंगल का रात एगो राइस मिल के सोझा राखल 3600 क्विंटल धान जर गइल. दमकल के गाड़ी आ के आग बुतवलसि. आग कइसे लागल एकर तफतीश हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *