भोजपुरी परदा पर "अंधा कानून’’

सुपरहिट हिन्दी फिल्म “अंधा कानून’’ अब भोजपुरी परदा पर धमाल मचावे के तइयार बा. मशहूर फिल्म निर्माण कपंनी सिनेविस्टास आ हिना इंक भोजपुरी में “अंधा कानून” बनवले बाड़ब. निर्माता बाबू त्यागी के एह फिल्म में मेगास्टार मनोज तिवारी “मृदुल”, शमीम खान, रानी चटर्जी, रिंकू घोष, उमेश सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सी. पी. भटट, नागेश मिश्रा, एहसान खान, अलीखान, इरफान खान, जय प्रकाश, लईक खान अउर अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बावे. आईटम गर्ल बाड़ी सीमा सिंह आ खुशी गुप्ता.

निर्देशक इसरार अहमद, लेखक मोहम्मद सलीम, छायांकन एस. प्यारे, संगीतकार वैष्णवदेवा, गीतकार नजहर मेहरसबी आ तौफिक पल्लवी.

अबहीं फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन काम चलत बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।