भोजपुरी परदा पर ‘संसार’

Sansar-posterभोजपुरी के सुपरहिट निर्देशक असलम शेख अब एगो महान पारिवारिक संगीतमय भोजपुरी फिलिम ‘संसार’ लेके आवत बाड़ें. एस. आर. 39 फिल्म्स आ कृष्णदीप इंटरटेनमेंट के बैनर में एकर निर्माता हउवें शंकर रोहरा आ माया यादव.

मुख्य कलाकारन में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, अंजना सिंह, माया यादव, ब्रजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुर्वेदी, जूबेर खान, रितु पाण्डेय, आशा तिवारी, अक्षिता शेट्टी, सोम भूषण, का साथे एगो बहुते खास भूमिका में बाड़ें भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह. मिस जम्मू अनारा गुप्ता आ प्रिया शर्मा पर एगो स्पेशल गीत फिलिमावल गइल बा.

‘संसार’ एगो फैमिली ड्रामा ह जवना में एगो परिवार के कहानी देखावल गइल बा. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव, महेश परदेशी, कृष्णा बेदर्दी, आ पवन पाण्डेय. मधुर संगीत अविनाश झा ‘घुंघरू’ दिहले बाड़े. कथा-पटकथा लेखक असलम शेख, संवाद मनोज कुशवाहा, नृत्य पप्पु खन्ना आ कार्यकारी निर्माता अविनाश रोहड़ा.

फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।