भोजपुरी परदा पर ‘संसार’

Sansar-posterभोजपुरी के सुपरहिट निर्देशक असलम शेख अब एगो महान पारिवारिक संगीतमय भोजपुरी फिलिम ‘संसार’ लेके आवत बाड़ें. एस. आर. 39 फिल्म्स आ कृष्णदीप इंटरटेनमेंट के बैनर में एकर निर्माता हउवें शंकर रोहरा आ माया यादव.

मुख्य कलाकारन में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, अंजना सिंह, माया यादव, ब्रजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुर्वेदी, जूबेर खान, रितु पाण्डेय, आशा तिवारी, अक्षिता शेट्टी, सोम भूषण, का साथे एगो बहुते खास भूमिका में बाड़ें भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह. मिस जम्मू अनारा गुप्ता आ प्रिया शर्मा पर एगो स्पेशल गीत फिलिमावल गइल बा.

‘संसार’ एगो फैमिली ड्रामा ह जवना में एगो परिवार के कहानी देखावल गइल बा. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव, महेश परदेशी, कृष्णा बेदर्दी, आ पवन पाण्डेय. मधुर संगीत अविनाश झा ‘घुंघरू’ दिहले बाड़े. कथा-पटकथा लेखक असलम शेख, संवाद मनोज कुशवाहा, नृत्य पप्पु खन्ना आ कार्यकारी निर्माता अविनाश रोहड़ा.

फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..