भोजपुरी परदा प आलोक यादव क कहर

भोजपुरी सिनेमा में अइसनका कमे अभिनेता बाड़ें जिनकर अदाकारी आ चेहरा देखि के कयास लगावल जाव कि ई खलनायक हउवें. अइसनके खौफनाक चेहरा आ शानदार अदाकारी के स्वामी हउवें आलोक यादव. सलीम के भोजपुरी फिल्म ‘हमार बियाह तोहरे से होई’ से भोजपुरी परदा पर इंट्री लेबे वाला आलोक यादव बाद में आलोक असलम शेख क चर्चित फिलिमन ‘धरमवीर’ अउर ’बिदाई’ में अपना शानदार अभिनय से चरचा में आ गइलन. ओकरा बाद उदित नारायण आ दीपा नारायण के बनावल ‘कानून हमरा मुठठी में’ फिलिम में जटाशंकर के भूमिका निभा के दर्शकन आ निर्मातन के चहेता बन गइलन.

‘होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी’, ‘सुगना’, आ ‘ऐलान’ में मुख्य खलनायक के किरदार निबहलें आलोक यादव. अब निर्माता बिट्टू सरदार आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव क फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ से दर्शकन बीचे एक बेर फेरु अपना खौफ के कहर बरपावे ला तईयार बाड़न आलोक.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।