भोजपुरी प्रकरण मे कांग्रेसी विधायको विरोध जतवले

जमशेदपुर 24 अक्टूबर (वार्ता) झारखंड राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के सूची से भोजपुरी के हटावे का बारे मे दिहल राज्य के शिक्षा मंत्री गीताश्री उरांव के बयान का बाद उनुका खिलाफ कांग्रेसे के एगो कद्दावर विधायक बन्ना गुप्ता मोर्चा खोल दिहले बाड़न.

जमशेदपुर पश्चिम सीट से कांग्रेस विधायक बन्ना गुप्ता अपील कइले बाड़े कि गीताश्री उरांव एह संवेदनशील मुद्दा पर तनी सोच समझ के बोलस. बन्ना गुप्ता एह बारे में कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष सुखदेव भगत के चिट्ठी लिख के आपन विरोधो दर्ज करवले बाड़न.

गीताश्री उरांव के कहना बा कि चूंकि भोजपुरी भाषा ना होके एगो बोली ह एहसे एह माध्यम से शिक्षक पात्रता परीक्षा ना लीहल जा सके आ पहिलहू लीहल एह भाषा के परीक्षा के रद्द क दीहल जाई. उनका एह बयान का बाद माहौल गरमा गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..