भोजपुरी फिलिम ‘धरती के बेटा’ के शूटिंग शुरू

DhartiKeBeta-teamस्वर्णिम फिल्म्स के बैनर तर बनत फिलिम ‘धरती के बेटा’ के शूटिंग बिहार के छपरा में करावल जा रहल बा.

निर्देशक के.सुजीत बतवलन कि जमीन माफिया पर बनल फिलिम में देखावल गइल बा कि के तरह ई माफिया गरीब किसानन के जमीन हथिया के ओह पर शॉपिंग मॉल, इंजीनियर कॉलेज वगैरह बना लेले जवना के फायदा सिर्फ मलिकाने लोग के मिलेला आ जमीनो गँवा चुकल गरीबन का किस्मत में बस मुसीबते रह जाला.

फिलिम के निर्मात्री सुनीता कुमारी बतवली कि सोशल मैसेज दिहला का साथही ई फिलिम मसालेदारो रही जवना के दर्शक मजा ले ले के देखीहें. आठ गो गाना वाली एह फिलिम में सीमा सिंह के जोरदार आयटमो बा.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, फरीन खान, दीपक भाटिया, नील सिंह मणि, सोनिया मिश्रा वगैरह बाड़े.

गीतकार वेद पाठक, संगीतकार लवली शर्मा, कैमरामैन अरविन्द सिंह, आ कोरिओग्राफर रीतु राज हउवन.

फिलिम के मुहुर्त के बेरा एकर नाम ‘जमीन’ फिलिम बतावल गइल रहे. मुहुर्त उदितनारायण का हाथे करावल गइल रहे.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।