भोजपुरी फिल्मन के भविष्य बढ़िया बा, कहली पायल सेठ

बिहार के सिवान जिला के हथुआ मीरगंज के रहे वाली. उत्तर प्रदेश के जौनपुर में पढ़ल लिखल अर्चना सोनी उर्फ पायल सेठ बचपने से सांस्कृतिक कार्यक्रमन में शामिल रहत रहली. अब पायल सेठ निर्देशक अरविंद चौबे के फिल्म “होत बा जवानी अब जीयान ए राजा जी” में एगो गँवई लड़िकी के किरदार कइले बाड़ी. एह हिट फिल्म के सफलता के श्रेय पायल फिल्म के निर्माता-निर्देशक, टेक्निशियन आ सबले बेसी ओह दर्शकन के देबेली जे एकरा के हिट करावल. भोजपुरी सिनेमा का बारे में पायल के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के भविष्य बहुते बढ़िया बा आ अबही एकरा बहुते आगा जाये के बा. उम्मीद जतवली कि नामचीन आ गंभीर विषय पर फिलिम बनावहु वाला फिल्मकार भोजपुरी सिनेमा से जुड़ीहें.

पायल सेठ के हिन्दी फिल्म “राखी की कसम” आ “शादी का लोन” रिलीज होखे वाला बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।