भोजपुरी फिल्म अचल रहे अहिवात के मुहुर्त

पिछला दिने पटना में बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे नारियल फोड़ के नाइट बिसलर्स इंटरटेनमेंट का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिल्म “अचल रहे अहिवात” के मुहुर्त कइलन. एह अवसर पर भाजपा के प्रदेश मंत्री मिथिलेश तिवारीओ मौजूद रहले. अचल रहे अहिवात के मतलब भइल सुहाग सदा सलामत रहे. एह फिल्म का माध्यम से निर्दशक अभिलाष शर्मा बतावल चाहत बाड़े कि भोजपुरी सभ्यता संस्कृति का ह. अश्विनी चौबे कहले कि भोजपुरी सिनेमा आजु देशे ना विदेशो में आपन झंडा फहरवले बाड़ी सँ आ बिहार सरकार भोजपुरी फिल्मन के विकास खातिर लागल बिया. पिछला दिने आयोजित भोजपुरी फिल्म महोत्सव के सफल आयोजन सरकार कइले रहुवे.

फिल्म के निर्माता सुमित केन आ विकास शर्मा हउवें आ कलाकारन में विजय खरे, विक्रांत सिंह, ऋचा सोनी, सुधांशु शरण, पुष्पा वर्मा, अखिलेश झा, मनोज कुमार, जयश्री टी, विजय कुमार, अशोक समर्थ, आ शक्ति सिन्हा वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।