भोजपुरी फिल्म अभिनेता सीपी भट्ट के लूट लिहल गइल

cp-bhatt-bhaijiगोरखपुर शहर के स्टेशन रोड पर एगो होटल में ठहरल भोजपुरी कामेडियन सीपी भट्ट के मारपीटाई कर के दू गो लइका आ दू गो लइकी उनका से मारपीट कर के दस हजार रुपया नकद आ तीन गो मोबाइल फोन लूट ले गइलें. सहजनवां थाना के पुंडा निवासी सीपी भट्ट गोरखपुर में अपना फिलिम “गर्दा” के शूटिंग में आइल बाड़ें. तीन दिन से ऊ लइका आ लइकी सब कवनो फिलिम ला उनका से बतियावे के समय माँगत रहले. बियफे का दिने अपना होटल के कमरा में भेंट करे के समय दिहले रहले सीपी भट्ट. भितरी आवते एगो लइकी अपना से छेड़छाड़ के अछरंग लगावत चिचियाए लागल जवना का बाद बाकी लोग भीतर घुस आइल आ मारपीट करे लाल. सीपी भट्ट केहू तरे जान बचा के बाहर भगलन त ऊ लोग उनकर पर्स ४ मोबाइल लेत गइल. पर्स में दस हजार रुपिया आ एटीएम कार्ड रहल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।