भोजपुरी फिल्म के शूटिंग बैंकाक में

भोजपुरी सिनेमा के किंग स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ हॉटगर्ल पाखी हेगडे आजुकाल्ह एगो भोजपुरी फिल्म आखिरी रास्ता शूटिंग का सिलसिला में बैंकाक गइल बा लोग. श्री प्रियंका पिक्चर्स का बैनर में बनत एह फिल्म के दस दिन के शूटिंग बैंकाक के खूबसूरत लोकेशन पर करावल जा रहल बा. मारीशस आ लन्दन का बाद पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के शूटिंग बैंकाक में हो रहल बा.

आखिरी रास्ता के निर्माता के॰एस॰साईंबाबा आ लेखक निर्देशक जी॰सुब्बाराव हउवें. बैंकाक रवाना होखत घरी निरहुआ पाखी के कहना रहे कि भोजपुरी सिनेमा के बाजार पूरा दुनिया में पसरावे का कोशिश में ऊ लोग लागल बा. बतावे लायक बाति इहो बा कि निरहुआ पाखी के जोड़ी सात देश में कई गो स्टेज शो कर चुकल बा.


(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।