भोजपुरी फिल्म में काम कइल चाहत बाड़े अभिषेक बच्चन

पिछला दिने पटना में अपना फिल्म “दम मारो दम” के प्रोमोशन में आइल अभिषेक बच्चन आपन मन के बात बतवलन कि ऊ भोजपुरी सीखल आ भोजपुरी फिल्मन में काम कइल चाहत बाड़न आ उहो भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का संगे. अभिषेक बच्चन कहले कि भोजपुरी से उनुकर पुरान नाता ह. भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन उनुका बढ़िया दोस्तन में से हउवें आ ऊ उनुका साथे फिल्म कइल चहीहें.

बतावे लायक बात बा कि मणिरत्नम के फिल्म “रावण” में अभिषेक बच्चन आ रविकिशन साथ साथ काम कर चुकल बाड़े आ एकरा शूटिंग का दौरान दुनु जने में दोस्ती बन गइल. खुद अमिताभ बच्चनो फिल्म “गंगा” के म्यूजिक रिलीज़ का दौरान रवि किशन के भोजपुरी सिनेमा के महानायक के उपाधि दिहले रहलें. अभिषेक बच्चन का बयान पर आपन बात कहत रविकिशन कहले कि बच्चन परिवार का ह्रदय में भोजपुरी प्रेम कूट कूट करके भरल बा. अभिषेक बच्चन भोजपुरी फिल्म में काम कइल चाहत बाड़े ई भोजपुरी फिल्म उद्योग खातिर बढ़िया संकेत बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..