भोजपुरी फिल्म में काम कइल चाहत बाड़े अभिषेक बच्चन

पिछला दिने पटना में अपना फिल्म “दम मारो दम” के प्रोमोशन में आइल अभिषेक बच्चन आपन मन के बात बतवलन कि ऊ भोजपुरी सीखल आ भोजपुरी फिल्मन में काम कइल चाहत बाड़न आ उहो भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का संगे. अभिषेक बच्चन कहले कि भोजपुरी से उनुकर पुरान नाता ह. भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन उनुका बढ़िया दोस्तन में से हउवें आ ऊ उनुका साथे फिल्म कइल चहीहें.

बतावे लायक बात बा कि मणिरत्नम के फिल्म “रावण” में अभिषेक बच्चन आ रविकिशन साथ साथ काम कर चुकल बाड़े आ एकरा शूटिंग का दौरान दुनु जने में दोस्ती बन गइल. खुद अमिताभ बच्चनो फिल्म “गंगा” के म्यूजिक रिलीज़ का दौरान रवि किशन के भोजपुरी सिनेमा के महानायक के उपाधि दिहले रहलें. अभिषेक बच्चन का बयान पर आपन बात कहत रविकिशन कहले कि बच्चन परिवार का ह्रदय में भोजपुरी प्रेम कूट कूट करके भरल बा. अभिषेक बच्चन भोजपुरी फिल्म में काम कइल चाहत बाड़े ई भोजपुरी फिल्म उद्योग खातिर बढ़िया संकेत बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।