भोजपुरी फिल्म में गोधन

देश के बाकी हिस्सा में भाई दूज कहाये वाला पर्व बिहार, यु. पी. में गोधन के नाम से जानल जाला. एह पारंपरिक पर्व के दर्शन पहिला बेर कवनो फिलिम में होखे जा रहल बा आ ओह फिलिम के नाम ह ‘‘सैंया डराइवर बीबी खलासी’. निर्देशक अंजनी कुमार के एह फिल्म में गोधन के गीत खस तौर पर राखल गइल बा. जवना के परदा पर भोजपुरी अभिनेत्री रिंकु घोष गावत लउकीहें.

फिल्म में रिंकु घोष, अनुज गुप्ता, अवधेश मिश्रा आ कुणाल सिंह के खास भूमिका बा. आलवेज बी पॉजीटिव पिक्चर्स के बैनर तले बनल एह पारिवारिक फिलिम के प्रदर्शन 11 नवम्बर से पूरा बिहार में होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..