भोजपुरी फिल्म में सिंक साउण्ड तकनीक के इस्तेमाल

भोजपुरी सिनेमा धीरे धीरे तकनीको का मामिला में पोढ़ होखल जात बा. अब एन एन सिप्पी प्रोडक्शन के पहिलका भोजपुरी फिल्म मृत्यंजय में सिंक साउण्ड तकनीक के इस्तेमाल कइल जा रहल बा. एह तकनीक के खासियत होला कि शूटिंगे का दौरान कलाकारन के बोलल गइल डायलाग फिल्मो मं हूबहू सुनाई देला आ डबिंग के जरुरत ना पड़े. एह फिल्म में डाल्वी डिजिटल साउण्डो के इस्तेमाल भइल बा.

Dinesh Lal yadav Nirahua with Rinku Ghosh in Mrityunjay

एनएन सिप्पी प्रोडक्शन हिन्दी फिल्मन खातिर जानल जाला आ कालीचरण, गुमनाम, वो कौन थी, फकीरा, पारस, देवता, मेरी जंग, सिलसिला है प्यार का, आज का गुण्डाराज समेत करीब डेढ़ दर्जन फिल्म बना चुकल बा. भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय के निर्माता प्रवेश सिप्पी कर रहल बाड़े आ निर्देशक बाड़े जगदीश शर्मा.

फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा आ भोजपुरी सुपर स्टार निरहुआ के कहनाम बा कि एन एन सिप्पी प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म निर्माण में उतरल भोजपुरी सिनेमा खातिर गौरव के बाति बा. कहल लोग कि हिन्दी सिनेमा के समानान्तर खड़ा भोजपुरी सिनेमा का विकास के एगो अउरी कड़ी बन जाई प्रवेश सिप्पी के बनावल मृत्युंजय.

फिल्म के गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के, संगीत धनंजय मिश्रा के, कथा पटकथा एजाज आ जगदीश शर्मा के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, एक्शन रामशेट्टि के, नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता आ तेजस दत्ता के, आ कैमरा संचालन राजू केजी के बा, फिल्म के लाइन प्रोड्यूसर आशीष गुप्ता हउवें आ प्रोडक्शन डिजायनर सागर शुक्ला. संपादन नासिर हकीम अंसारी कर रहल बाड़ें.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, रिंकू घोष, बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, संजय पांडे, आ गोपाल राय के नाम बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।