भोजपुरी बुद्धिजीवी गृहमंत्री से भेंट कइलें

भोजपुरी बुद्धिजीवियन के एगो शिष्टमंडल ओंकारेश्वर पांडेय का नेतृत्व में बियफे का दुपहरिया केन्द्रीय गृहमंत्री पी चिदंबरम से उनुका नार्थ ब्लॉक कार्यालय में भेंट कइलसि आ भोजपुरी के जल्दी से जल्दी संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे आ राष्ट्रीय अल्पसंख्यक भाषा घोषित करे के निहोरा कइलसि.

एह शिष्ट मंडल में प्लानमैन मीडिया के संपादक प्रो॰ ए॰ संदीप, संयु्क्त राष्ट्र ग्लोबल कंपैक्ट के भारतीय प्रमुख पीसी पांडे. दिल्ली भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दूबे आ दिल्ली भोजपुरी एकता मंच के अध्यक्ष शिवजी सिंह शामिल रहलें.

एह मौका पर शिष्टमंडल का तरफ से भोजपुरी के हजार साल के इतिहास पर दि संडे इंडियन पत्रिका के शोध, जवना में भोजपुरी भाषा, लिपी, संस्कृति, संगीत, सिनेमा आ भोजपुरी के एतिहासिक महापुरुषन का बारे में जानकारी दिहल बा, के रपट पेश कइल गइल. भारत के आजादी का लड़ाई में भोजपुरियन के योगदानो के जानकारी दिहल गइल.

गृहमंत्री पी चिदम्बरम शिष्टमंडल के भरोसा दिहलन कि भोजपुरी के जल्दिये मान्यता दे दिहल जाई बाकिर एकरा के अल्पसंख्यक भाषा के दर्जा देबे से मना कर दिहलन काहें कि एह बदे कवनो संवैधानिक प्रावधान नइखे. बाकिर कहलन कि भोजपुरी के ओकर हक जरूर मिली.

3 Comments

  1. ram prakash

    बड़ी नीमन कम भइल बा .

  2. amritanshuom

    बहुत नेक काम करत बनी ओंकारेश्वर जी . रउरा साथे-साथे राउर शिष्टमंडल लोगन के भी बहुत -बहुत धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

  3. Rajeswar singh

    Himmat kari Aage badhi .Safalta jarur mili.

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।