- बिहार में 100-100 सीट पर चुनाव लड़े के समझौता हो गइल बा जेडीयू आ राजद का बीच में. लालू के रिश्तेदार मुलायम सिंह यादव नयका जनता परिवार के मुखिया बनावल गइल बाड़न आ लालू के बिहार में एह परिवार के संयोजक बनावल गइल बा. बस अब ले मुख्यमंत्री के नाम के फैसला नइखे भइल आ अधिका उमेद बा कि मुलायम अपना रिश्तेदारे का परिवार से केहू के मुख्यमंत्री बनावल चहीहें. आखिर यूपीओ में त उनुका आपन बेटा छोड़ केहू दोसर ना मिलल. जनता परिवार के सगरी गोल परिवारवादिए हउवन आ हर जगहा ओह गोल के मुखिया के परिवार के कब्जा बा. जदयू एह बात के अपवाद मानल जा सकेला काहे कि अबहीं ले नीतीश अपना परिवार के कवनो सदस्य के आगा नइखन कइले.
- यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल का बीच काल्ह दिल्ली सचिवालय में एगो बइठक का बाद एह बात पर सहमति बनल कि जवन जमीन उपलब्ध बा तवना के बारे में मिल जुल के देख लिहल जाव जेहसे एह जमीनन के इस्तेमाल का बारे में आखिरी फैसला लिहल जा सके.
- रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा काल्हु गाजीपुर में पूवोत्तर रेलवे के क्षेत्रीय रेल प्रशिक्षण संस्थान के शिलान्यास कइलन. कहलन कि पूर्वोत्तर रेलवे का लगे क्षेत्रीय रेल प्रशिक्षण संस्थान ना रह गइल रहे एहसे गाजीपुर में एकरा के खोले के फैसला लीहल गइल. बतवलन कि छपरा से इलाहाबाद तक रेल खण्ड के दोहरीकरण आ बिजलीकरण के काम के मंजूरी दे दीहल गइल बा. ताड़ीघाट से मऊ ले वाया गाजीपुर रेल लाइन बिछावहू के मंजूरी दे दीहल बा.
- पटना हाईकोर्ट प्रोन्नति में आरक्षण के बिहार सरकार के फैसला के रद्द कर दिहले बिया. साल 2012 में एससी-एसटी के प्रोन्नति में आरक्षण देबे के फैसला लिहल गइल रहे.
- आआपा गोल के एगो वालंटियर के शिकायत पर कि ओकर चरित्र हनन करे वाला अफवाहन के कुमार विश्वास काटत नइखन, दिल्ली महिला आयोग कुमार विश्वास के हाजिर होखे के नोटिस भेजले रहुवे. बाकिर कुमार विश्वास के कहना बा कि नोटिस उनुका मिलले नइखे आ ऊ आयोग का सोझा हाजिर ना होखिहें आज मंगल का दिने.
- पापुआ न्यू गिनी में आज सबेरे भूकंप के तेज झटका आइल बा जवना चलते ओहिजा सुनामी आवे के अनेसा बन गइल बा. एह भूकंप के ताकत 7.4 नापल गइल बा आ अंदाजा लगावल जात बा कि जमीन का 63 किलोमीटर भीतर से आइल रहे.
- गुमला से किडनैप भइल डा. आर॰बी॰ चौधरी के फिरौती के रकम लिहला का बावजूद किडनैपर अतवार का देर रात में उनकर गरदन दबा के मुआ दिहले सँ. सोमार का दिने पूरा झारखंड में डाक्टर हड़ताल पर रहले.
- बिहार के सरकारी स्कूलन में सोमार से पूरा हड़ताल पर चल गइल बाड़े नियोजित शिक्षक. राज्य सरकार एह हड़ताल के गैर जिम्मेदाराना हरकत बतावत बिया.
- छत्तीसगढ़ में बस्तर जिला में पीएम मोदी के दौरा का खिलाफ नक्सली बंद के गोहार लगवले बाड़न स. ओकनी के कहना बा कि मोदी सरकार अइला का बाद से देश के औद्योगिक विकास तेज हो गइल बा. एह से गरीबी हटे लागी आ तब ओकनी के समर्थक कहाँ से अइहें.
- अपना चीन यात्रा से पहिलही पीएम मोदी चीन के एगो सोशल साइट ‘साइना बाइबो’ से जुड़ गइल बाड़न जवना के जोरदार स्वागत भइल बा चीन में आ ओहिजा के मीडिया एह बात ला पीएम मोदी के भरपूर तारीफ करत बाड़ी सँ. मोदी सोशल साइटन पर हमेशा से सक्रिय रहल बाड़े.
- इस्लामी आतंकवादी संगठन अलकायदा का तरफ से पीएम मोदी के चेतावल गइल बा कि ऊ आवे वाला समय के खतरा से सावधान रहसु. कहले बाड़न स कि दुनिया भर में मुसलमानन का खिलाफ जंग जारी बा आ अब एकर निर्णायक फैसला क लेबे के समय आ गइल बा.
- सुने में आवत बा कि कटरीना कैफ आ रणबीर कपूर के शादी के मसला करीब करीब तय हो गइल बा आ छेंका के रस्म जल्दिए होखे वाला बा. एह बीच ई जोड़ी हर जगहा साथे साथ लउकत बाड़न चाहे ऊ फेमिली डिनर होखे भा कवनो जगहा छुट्टी मनावे के बात.
- पहिला मैच में बराबरी पर छूटल मुकाबला का बाद भारत आ जापान के बीच हॉकी टेस्ट सीरीज के दुसरका मैच आज मंगल का दिने होखे वाला बा. अपना घरेलू मैदान पर खेलत भारत के पलड़ा भारी रहे के उमेद जतावल जात बा.
- सोमार का दिने आईपीएल के मैच में चेन्नई सुपरकिंग्स रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के 24 रन से हरा दिहलसि. दोसर मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स 35 रन से सनराइजर्स हैदराबाद के हरा दिहलसि.
- वस्तु आ सेवा कर (जीएसटी) विधेयक आज लोकसभा में राखल जाई बाकिर ओकरा पहिलहीं से कांग्रेस आ दोसर विरोधी दल संसद में मोगा का बस में भइल दुराचार पर बवाल करे के तइयारी में बाड़े. तृणमूल कांग्रेस एह विधेयक के समर्थन करे के बात कहले बिया.
- रियल एस्टेट (विनियमन और विकास) विधेयक के आज राज्यसभा में राखल जाई. कांग्रेस एहू विधेयक के खिलाफ बिया.
- यूपी सरकार केन्द्रीय मंत्री कलराज मिश्र का खिलाफ साल 2009 के चुनाव में आचार संहिता लांघे के मुकदमा वापस लेबे के फैसला कइले बिया. पीलीभीत के एगो अदालत एह मामिला के सुनवाई 21 मई के करे वाली बिया.
- राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के अध्यक्ष आ केन्द्रीय मानव संसाधन विकास राज्यमंत्री उपेन्द्र कुशवाहा भागलपुर में कहलन कि देश में एगो रोजगार उन्मुखी नीति बनावल जाई जवना का बाद देश के नवहियन के नौकरी मिले के गारंटी होखी.
- उच्चतम न्यायालय के फैसला आइल बा कि पैतृक संपत्ति केहु के दान में ना दिहल जा सके. एह संपति के वारिसने का बीच बाँटल जा सकेला.
- नीतीश आ लालू के हाथ मिलव्वल का बाद बिहार में जंगल राज के वापसी हो गइल बा. गया से किडनैप डाक्टर पंकज कुमार गुप्ता आ उनुका पत्नी के अबले कुछ पता नइखे लागल. डाक्टर लोग चेतावनी दिहले बा कि अगर डाक्टर दंपति के जल्दी से रिहा नइखे करावल जात त राज्य भर में चिकित्सा सेवा ठप क दीहल जाई.
0 Comments