- पीएम मोदी चीन सरकार के सलाह दिहलन कि ओकरा भारत का साथे लमहर दिन ले सहयोग के नीति पर चले के चाहीं आ ओह बातन से परहेज करे के चाहीं जवना से एह संबंध में बाधा आवत होखे. दुनू देश में एक दोसरा के हित खातिर संवेदनशील होखे के चाहीं. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पेइचिंग में एलान कइलें कि अब चीनो के नागरिक के भारत में इलैक्ट्रोनिक पर्यटन वीजा जारी कइल जाई जबकि कुछ समय पहिले विदेश विभाग एह से मना कइले रहुवे.
- चीन के यात्रा पर गइल पीएम मोदी के आज तिसरका आ आखिरी दिन ह ओहिजा. चीन के बड़की कंपनियन के मुख्य अधिकारियन के संबोधित करत मोदी ओह लोग से मेक इन इण्डिया अभियान में शामिल होखे के कहलन. दुनू देश के उद्योगन का बीच बीस गो से अधिका समझौता पर दस्तखत भइल बा.
- केन्द्र सरकार से मिलल सहायता राशि के बात सीधे नकारत यूपी के सीएम अखिलेश यादव कहलन कि भाजपा के त ऊ शुुरुवे से चालू पार्टी कहत आइल बाड़न. कहलन कि केन्द्रे सरकार बतावे कि केकरा के कब आ कतना राशि दीहल गइल. अखिलेश यादव अपना सरकारी डेरा पर बोलवा के प्राकृतिक आपदा से मरल किसानन के परिवार वालन के सात सात लाख रुपिया के चेक बँटलन. कुल 51 परिवार के ई चेक दीहल गइल.
- बिहार के 70 हजार होमगार्ड जवान अपना भत्ता आ रिटायरमेंट के उमिर बढ़वावे खातिर शुक का दिन से बेमियादी हड़ताल पर चल गइल बाड़े. एह चलते बिहार के कानून व्यवस्था, सुरक्षा अउर यातायात नियंत्रन पर बहुते असर पड़ल बा. एह बारे में सरकार के पहिलहीं से पता रहुवे बाकिर कवनो वैकल्पिक व्यवस्था सरकार नइखे कइले.
- दिल्ली के मुख्य सचिव के बहाली ले के केजरीवाल सरकार आ दिल्ली के उपराज्यपाल का बीच फेरू विवाद खड़ा हो गइल बा. दिल्ली के मुख्यमंत्री बिना अपना अधिकार के जनले दिल्ली के तानाशाह बने का फेर में लागल बाड़े. सभका से उनकर झगड़े चलत बा. अपना पार्टी के बड़ नेतवन के पिछाड़ पर लात मार के बाहर फेंक दिहलें, मीडिया पर काबू करे के कोशिश कइलन बाकिर सुप्रीम कोर्ट का चलते उनकर चल ना पावल. अब उपराज्यपाल से लड़ल चाहत बाड़न जबकि मुख्य सचिव नियुक्त करे के अधिकार उपराज्यपाल का लगे संविधान से मिलल बा.
- अगिला चुनाव देखत जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जातिवादी राजनीतिओ से परहेज नइखन करत. शुक का दिने चौरसिया समाज के सभा में कहलन कि जब चाय बेचे वाला देश के प्रधानमंत्री बन सकेला त पान बेचे वाला काहें ना. कुछ दिन इहे नीतीश अपने बनावल मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के एहले हटा दिहलन कि ऊ इनकर आदेश का हिसाब से काम ना कर के अपना मन से काम करे लागल रहलन. तब महादलित के धियान नीतीश के ना आइल.
- छत्तीसगढ़ के दू गो जिलाधिकारियन के पीएम मोदी के स्वागत करत घरी अनौपचारिक ड्रेस पहिरे आ आँख पर धूप के चश्मा चढ़वले राखे खातिर ओहिजा के सरकार का तरफ से सवाल पूछल गइल बा. नियम ह कि औपचारिक मौका पर ई लोग औपचारिक ड्रेस पहिरे आ पद के गरिमा बनवले राखे.
- देश से होखे वाला निर्यात में गिरावट लगातार बढ़ल जात बा. दुनिया में चलत मंदी, कच्चा तेल के दाम में कमी आ रुपिया के दाम में मजबूती का चलते ई हालात बनल बा.
- विराट कोहली के बढ़िया बल्लेबाजी के सहारे रॉयल चैलेंजर्स बंगलोर हैदराबाद में भइल आईपीएल मैच में शुक का दिने सनराइजर्स हैदराबाद के हरा दिहलसि. अलग बात बा कि फैसला डकवर्थ लुईस पद्धति से भइल काहें कि बरखा का चलते खेल पूरा ना हो सकल रहे.
- आईपीएल के बाद होखे वाला चैम्पियंस लीग टी20 क्रिकेट प्रतियोगिता खातिर बढ़िया समर्थन ना मिल पवला का चलते अब एकरा जगहा दोसर लीग चलावे के प्लानिंग होखत बा. छह बार चैपियन लीग हो चुकल बा बाकिर एकर प्रशंसक घटत जात बाड़े आ बीसीसीआई के मुनाफा घटत जात बा.
- असम के मुख्यमंत्री तरूण गोगोई के कहना बा कि सरकारी विज्ञापनन में कुछ चुनले लोग के फोटो इस्तेमाल करे के सुप्रीम कोर्ट के निर्देश के स्वागत ना कइल जा सके. कहलन कि अगर कवनो मंत्री भा सांसद बढ़िया काम करत होखसु त ओह लोग के फोटो काहे ना दीहल जा सके. दिल्ली सरकारो के विरोध बा कि केजरीवाल के फोटो सरकारी विज्ञापन में काहे ना दीहल जाव.
- शुक शनिचर के अधरतिया से पेट्रोल के दाम 3 रुपिया 13 पइसा आ डीजल के दाम 2 रुपिया 71 पइसा बढ़ा दीहल गइल बा. दुनिया के तेल बाजार में दाम बढ़ला का चलते लगातार दुसरका बेर दाम बढ़ावे के पड़ल बा.
- शुक का दिने बम्बई शेयर बाजार के सेंसेक्स 118 अंक आ निफ्टी 38 अंक बढ़ के बंद भइल. डॉलर का मुकाबले रुपया में लगातार तिसरका दिने तेजी दर्ज भइल आ रुुपिया 14 पइसा मजबूत हो गइल. सोना के दाम में 180 रुपिया हर दस ग्राम पर आ चांदी के दाम में हर किलो पर 400 रुपिया के कमी आइल.
- बिहार में विधानपरिषद के 24 सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर जदयू आ राजद का बीच सौदेबाजी पटत नइखे. राजद बेसी सीट चाहत बिया आ जदयू देबे ला तइयार नइखे. राजद के कहना बा कि पिछला चुनाव देखा दिहले बा कि ऊ जदयू से बड़हन पार्टी हिय.
- बिहार विधानसभा चुनाव खातिर ड्राफ्ट मतदाता सूची शुक का दिने जारी क दीहल गइल. एह पर 13 जून ले दावा आ विरोध दाखिल कइल जा सकेला. आखिरी रूप से एकर प्रकाशन 31 जुलाई के कइल जाई. एहसे पहिले 24 मई आ 7 जून के हर बूथ पर अभियान चलावल जाई.
- बिहार के पहिलका पोस्ट ऑफिस एटीएम आजु से पटना जीपीओ में काम करे लागी. एकरा के कोर बैंकिंग सुविधा से जोड़ल गइल बा. उद्घाटन रविशकर प्रसाद करीहें.
- सासाराम जिला के मोहनियां इलाका के भभुआ-मोहनिया रोड पर शुक का दिने एगो वाहन पलट गइला से ओह पर सवार बैंड पार्टी के मैनेजर के मौत हो गइल आ करीब एक दर्जन अउर लोग घवाहिल हो गइल.
0 Comments