भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (बियफे, 28 मई 2015)
  • समाचार एजेन्सी पीटीआई के इन्टरव्यू देत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी साफ कहलन कि प्रधानमंत्री कार्यालय में सत्‍ता के बटोरल नइखे गइल आ पूरा तरह से संविधान के हिसाब से काम होखत बा. जबकि पिछला सरकार में सत्ता के गैरसंवैधानिक केन्द्र रहुवे आ ओकरे इशारा पर पीएमओ काम करत रहुवे. कहलन कि आज के मंत्रियन का लगे पहिले के सरकारन से अधिका अधिकार बा. पहिले कई तरह के फैसला के मंजूरी पीएमओ से लेबे के पड़त रहुवे जवन आजु नइखे होखत. कहलन कि हार के साल भर बादो कांंग्रेस एह बात के पचा नइखे पवले एही से तरह तरह के बात उठावल जात बा.
  • ओने पिछला सरकार में पीएम रहल मनमोहन सिंह अपना पर लागत घोटाला के आरोपन के नकारत कहलन कि ऊ कबो अपना भा अपना परिवार के फायदा ला अपना पद के दुरुपयोग ना कइलन. उनकर कहना रहे कि मेक इन इंडिया कार्यक्रम उनुके सरकार के योजना रहुवे आ उनुका समय में देश के अर्थव्यस्था तेजी से बढ़त रहुवे. एह बयान का कुछ ही घंटा बाद मोदी सरकार के 366वां दिने मनमोहन सिंह पीएम मोदी से औपचारिक मुलाकात करे 7 रेसकोर्स चहुँपलन जहाँ मोदी उनकर गर्मजोशी से स्वागत कइलन. दुनू जने करीब पौन घंटा ले बतियावल.
  • रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर के कहना बा कि नक्‍सलवाद से निपटे ला सेना के इस्तेमाल ना होखी. नक्सलवाद देश के आंतरिक समस्या ह आ एकरा के सलटावे ला ऊ प्रशिक्षण आ जरूरी सलाहे भर दीहि. कहलन कि एक रैंक एक पेंशन के मामिला में ठोस कार्ययोजना बना लीहल गइल बा आ जल्दिए एकरा के लागू करा दीहल जाई.
  • दिल्‍ली विधानसभा में आआपा के बेहिसाब बहुमत ओकरा से उहो करा लेत बा जवना के ना त अधिकार ओकरा लगे बा ना जवना के कवनो नैतिक कारण बा. काल्हु दिल्ली विधानसभा में केन्द्र के ओह अधिसूचना का खिलाफ प्रस्ताव पारित कइल गइल जवना में बहाली आ तबादला के अधिकार उपराज्‍यपाल का लगे होखे के बात कहल गइल बा. ओेने केन्द्र सरकार दिल्ली हाई कोर्ट के ओह टिप्पणी का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले बिया जवना में कहल रहे कि दिल्‍ली सरकार के भ्रष्‍टाचार रोधी शाखा केंद्रीय अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई कर सकेले आ एहसे रोकेवाला गृह मंत्रालय के अधिसूचना के संवैधानिकता सवाल के घेरा में बा.
  • आरक्षण खातिर आन्दोलन करत गुर्जर समाज आ राजस्थान सरकार का बीच भइल बातचीत चउथको बेरा बेनतीजा रह गइल. एह आंदोलन का चलते करीब 200 रेलगाड़ियन के रद्द करे के पड़ल बा आ लाखों लोग के यात्रा बाधित भइल बा.
  • पूरा देश में चलत लू के प्रकोप अबहियों जारी बा. काल्हुओ करीब दू सौ लोग के जान एह भयंकर गरमी का चलते हो गइल आ अब ले देश भर में करीब चौदह सौ लोग के जान जा चुकल बा. मौसम विभाग के कहना बा कि गरमी कुछ दिन अउरी जारी रहे वाली बा.
  • बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स काल्हु बुध का दिने 33 अंक के मामूली बढ़त लेके आ निफ्टी पांच अंक के मामूली गिरावट का साथे बंद भइल.
  • केन्द्र सरकार सगरी राज्य सरकारन से कहले बिया कि मनरेगा में काम करेवाला हर श्रमिक के पंजीकरण हाल में शुरू भइल तीनों सामाजिक सुरक्षा योजनन मे करा दीहल जाव. आ सगरी कामगारन के खाता बैंकन में खोलवावल सुनिश्चित करावल जाए.
  • आजु गंगा दशहरा के पर्व पूरा देश में श्रद्धा का साथे मनावल जात बा. लोग पवित्र नदियन में स्नान कर के पूजा पाठ आ दान पुण्य करत बाड़ें. एही मौका पर बचवन के मुंडन संस्कारो करावल जा रहल बा.
  • आजमगढ़ जिला के फूलपुर इलाका के ढीरहीह गांव में इनार में गिरल बकरी निकाले का फेर में तीन जने के मौत इनार में पसरल जहरीला गैस का चलते हो गइल. एक एक कर के उतरत गइल लोग आ जहरीला गैस से बेहोश होके गिरत गइल लोग. बाद में तीनो जने के लाश निकालल गइल.
  • जौनपुर जिला के मुंगराबाद शाहपुर इलाका के सुजानगंज बाईपास का लगे काल्हु साँझ एगो सड़क हादसा में मोटर साइकिल से जात दादा पोता के मौत बस से कचरइला का चलते हो गइल. बस ड्राइवर के पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • विधान परिषद के 24 सीट ला होखे वाला चुनाव खातिर अबहीं ले जदयू, राजद, राकांपा, आ कांग्रेस का बीच सीट के बँटवारा के काम नइखे हो पावल. बाकिर जदयू के कहना बा कि दू दिन का भितरे एह मामिला के सलटा लीहल जाई. चारो दल मिल के एह चुनाव के लड़ीहें. ओने लालू यादव कहले बाड़न कि अगर चारा घोटाला के मामिला से ऊ बरी हो जात बाड़ें त बिहार के मुख्यमंत्री पद पर उनुकरो दावा हो सकेला.
  • गंगा नदी पर बनत पटना-सोनपुर रेल-सह-सड़क पुल के काम एह साल ले पूरा हो जाए के उमेद जतवलन पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक ए.के. मित्तल. कहलन कि मुंगेर में बनत पुलो के काम एही साल पूरा हो जाई.
  • परिवार के सात बेकत के हत्या करे का आरोप में मौत के सजा पा चुकल शबनम आ सलीम के फाँसी के सजा पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहले बावे. ओकर कहना बा कि मौत के वारंट आपाधापी में जारी क दिहल गइल जबकि फैसला का खिलाफ अपील करे के समय अबहीं एह लोग का लगे बांचल रहुवे.
  • सत्ता से बेदखल हो गइला का बाद आपन सनक देखावत प्रियंका वाड्रा काल्हु स्मृति इरानी से सवाल कइली कि अमेठी में अबहीं ले ट्रिपल आईटी काहे ना खुलल. जबकि एह सवाल के जवाब कांग्रेस आ खास क के सोनिया गाँधी के परिवार के देबे के चाहीं कि अपना सरकार का रहते ई लोग अमेठी खातिर कुछ काहे ना कइलसि. स्मृति ईरानी कहली कि बड़ा अचरज होत बा कि जीतेवाला सांसद के बहिन हारे वाला उमेदवार से सवाल करत बाड़ी. शायद उनुको लागत बा कि अमेठी खातिर स्मृति ईरानिए कुछ कर सकेली, ओह लोग का बस में कुछ नइखे.
  • सीबीएसई के 10वीं क्लास के रिजल्ट आजु घोषित क दीहल जाईल. सीबीएसई के वेबसाइट पर जानकारी दीहल गइल बा कि रिजल्ट 28 मई के जारी कइल जाई. 12 बजे ले रिजल्ट आ जाए के पूरा उमेद बा.

0 Comments