- अपना विदेश यात्रा का दौरान हिन्दू मन्दिरन में पूजा अर्चना करे के परंपरा निभावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बांगला देश का दौरो पर दुसरका दिने अतवार के ओहिजा के राजधानी ढाका के लालबाग स्थित ढाकेश्वरी मंदिर जा के पूजा-अर्चना कइलन. एकरा बाद ऊ रामकृष्ण मिशनो गइलन. जान जाईं कि श्री ढाकेश्वरी राष्ट्रीय मंदिर सरकार के अधीन बा आ एकरा के बांगला देश के राष्ट्रीय मंदिर के दर्जा दीहल गइल बा.
- देश के प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी के आजु बांगला देश के मुक्ति संग्राम सम्मान से सम्मानित कइल जाई. तबियत खराब रहला का चलते वाजपेयी कहीं आ जा ना सकीं एह से उहाँ खातिर ई सम्मान खुद मौजूदा पीएम मोदी ढाका के बंग भवन में लीहें.
- प्रधानमंत्री मोदी के बांगला देश यात्रा से दुनू देश का बीच व्यापार के बढ़ावा मिली. दुनू देश का बीच कई गो समझौता हो गइल बा आ बांगला देश के विकास खातिर भारत दू अरब अमरिकी डालर के करजा देबे के सकरले बा.
- बिहार विधानसभा चुनाव खातिर राजद आ जदयू के गठबन्हन के मसला सलटावे खातिर आजु दुनू गोल के नेता एक बेर फेरू लालू प्रसाद के रिश्तेदार आ जनता परिवार के नेता मान लीहल गइल मुलायम सिंह का डेरा पर होखे के उमेद जताावल जात बा. बतावल जात बा कि दुनू गोल सौ सौ सीट पर चुनाव लड़ीहें आ बाकी 43 गो सीट से कांग्रेस, राकांपा, आ वाम मोर्चा के उमेदवार लड़ावल जाई. जेकर विधायक बेसी होखीहें ओकरे नेता के मुख्यमंत्री बनावल जाए के समझौता हो सकेला. बाकिर जदयू नीतीश छोड़ कवनो दोसरा नाम पर राजी होखे ला तइयार नइखे होखत. आ नीतीश का नाम पर राजद तइयार नइखे होखत.
- कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नया बनत दोस्ती पचत नइखे. दुनू नेता बांगला देश गइल बाड़न त मौका देख राहुल गाँधी पश्चिम बंगाल के दौरा करे चहुँप गइलन. कहलन कि पिछला सरकार का बेरा जब ओह घरी के पीएम मनमोहन सिहं अपना बांगला देश यात्रा पर ममता बनर्जी के संगे चले के कहलन त ममता तइयार ना भइली. बाकिर अब मोदी का साथे चल गइल बाड़ी. पता ना ई कइसन दोस्ती बनल बा.
- पाकिस्तान के बलूचिस्तान के राजधानी क्वेटा में शनिचर के सबेरे एगो आतंकी हमला में 4 गो पुलिस वालन के हत्या पुलिस के वैन पर अंधाधुंध गोली चला के कर दीहल गइल. हमला करे वाला ओकरा बाद फरार हो गइलन स.
- मानसून केरल से चल के कर्नाटक ले चहुँप गइल बा. मानसून के रफ्तार ठीके ठाक नजर आवत बा.
- देश के मुसलमानन के विरोध देखत 21 जून के मनावल जाए वाला विश्व योग दिवस का दिने भारत में सूर्य नमस्कार ना करावल जाई.
- सगरी बिहार लू का चपेटा में चलत बा. शनिचर का दिने बिहार के सबले गरम जगहा पटना रहल. मौसम विभाग के कहना बा अबहीं हप्ता भर ले बरखा के कवनो उमेद नइखे. हँ मानसूनी बरखा 11 जून का बाद कबहियों शुरु हो सकेला. जवन कि ओकरा बाद के पाँच दिन में सगरी राज्य में चहुँप जाई. भयंकर गरमी देखत स्कूलन के छुट्टी एक हप्ता बढ़ा दीहल गइल बा.
- बलिया के एगो होटल पर छापा मार के ओहिजा दवाई बेचत पंजाब से आइल तीन जने के पकड़ लीहल गइल. ओह लोग के दवाई के सैम्पलो जाँच खातिर लीहल गइल बा. दवाई बेचे वालन के कहना बा कि ऊ लोग हर महीना बलिया आवेला आ आपन दवाई जरूरतमंद लोग के बेचेला.
- फूड प्वाजनिंग का चलते शनिचर का दिने गाजीपुर के धामपुर बस्ती में तीन लोग के मौत हो गइल. दू आदमी के हालत बहुते खराब बतावल जात बा.
- जौनपुर जिला के बदलापुर कस्बा के उसरा बाजार में एगो इनोवा पेड़ से टकरा गइल जवना चलते दू आदमी के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले. ई लोग बाराबंकी के रहुवे आ वाराणसी जात रहुवे पूजा करे.
- सारण जिला के मशरख तख्त गाँव के एगो 14 बरीस के लड़िकी के मौत जहर खइला से हो गइल. ओकर बाप थाना में केस लिखवले बाड़न कि शुक का रात करीब 11 बजे घर से गायब लड़िकी शनिचर का भोरे लवटल आ बतवलसि कि अपना प्रेमी के बहकवला में ओकरा घरे गइल रहुवे जहाँ ऊ ओकरा के मिठाई में जहर खिआ दिहले बा. थोड़ देर बाद ओकर हालत बिगड़े लागल आ मशरख पीएचसी पर ओकर मौत हो गइल.
0 Comments