भोजपुरी में फूहड़पन का खिलाफ ब्लैक मार्च

black-marchभोजपुरी में बढ़ रहल अश्लीलता आ फूहड़पन के खिलाफ एगो ब्लैक मार्च अगिला महीना अतवार के पटना में निकालल जाई. ब्लैक मार्च के शुरूआत गाँधी मैदान से होखी आ श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल होत लगभग डेढ़ किलोमीटर के दुरी तय कइला के बाद कारगिल चौक पर अश्लील एल्बम आ फूहड़ गायकन के पुतला जरवला का बाद एगो सभा में तब्दील हो जाई. एह ब्लैक मार्च के आयोजन “बिहार यूथ ब्रिगेड” नाम के संगठन कइले बा आ उमेद बा कि हजार से अधिका नवही एह मार्च में जुटीहें.

ब्लैक मार्च के फेसबुक पेज


(Source : बिहार यूथ ब्रिगेड के प्रदेश कार्यकारिणी सदस्य ई० रत्नेश रमण पाठक)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।