भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी दिल्ली से परचा भरलें

ManojTiwari-election
भोजपुरी मेगा स्टार आ भाजपा नेता आ देश विदेश में पसरल करोड़ो भोजपुरियन के हृदय सम्राट मनोज तिवारी मृदुल पिछला दिने उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा का टिकट प लोकसभा ला आपन परचा दाखिल करे गइलन त उनका समर्थन में भारी भीड़ आ हजारों कार्यकर्ता उमड़ पड़लें.

एह मौका प मनोज तिवारी लोकसभा चुनाव में प्रत्याशी बनवला खातिर भारतीय जनता पार्टी के आभार जतवलें आ वादा कइलन कि उत्तर पूर्व नयी दिल्ली के लोग के उम्मीदन पर खरा उतरीहें.

दिल्ली में रहेवाला यूपी बिहार के लोग में मनोज तिवारी के भाजपा का उम्मीदवार बनला पर खुशी का लहर दउड़ गइल बा. भोजपुरिया लोग मनोज तिवारी के भारी बहुमत से जितावे में लाग गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।