भोजपुरी रिकार्डिंग स्टूडियो ध्वस्त, फिल्मोद्योग के ठकुआ मरलसि

मुंबई महानगरपालिका अंधेरी का आदर्श नगर में करीब एक हजार गैर कानुनी निर्माण के ध्वस्त कर दिहलसि. आदर्श नगर में करीब ३० गो रिकार्डिग स्टूडियो रहली सँ जवना में से अधिकतर के ध्वस्त कर दिहल गइल. एह स्टूडियो में से अधिका में भोजपुरी फिल्म आ संगीत उद्योग के काम चलत रहुवे. अब उद्योग सन्नाटा में बा आ बुझात नइखे कि तत्काल एह मुसीबत से कइसे निबटल जाव. कुछ टीवी कार्यक्रम बनावहू वाले एह चक्कर में फँस गइल बाड़े. आदर्श नगर में लता मंगेशकर, दुर्गा प्रसाद मजुमदार, जगजीत सिंह, वगैरह लोगन के स्टूडियो रहल ह. बतावल जात बा कि बड़का स्टूडियो के त बेसी नुकसान नइखे भइल बाकिर छोटका स्टूडियो वाले बरबाद हो गइलें. पिछला बीस साल से चलत आ रहल धंधा अचानके रुक गइल बा. अतना दिन से अवैध निर्माण होत आइल आ चलत रहल बाकिर अचके में नगरपालिका के नींद टूटल आ कोर्ट आदेश के सहारा लेके अवैध निर्माण गिरावे के काम शुरु हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।