भोजपुरी ला मिलल आश्वासन पर भोजपुरी समाज दिल्ली आभार जतवलसि

बियफे का दिने लोकसभा में गृहमंत्री पी चिदंबरम के दिहल बयान कि भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल के के बिल मानसून सत्र में आई से भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे खुशी जाहिर करत कहले बाड़न कि एह खबर से देश-विदेश के सगरी भोजपुरियन में खुशी के लहर उठ गइल बा. भोजपुरी समाज दिल्ली गृहमंत्री पी चिदंबरम के एह आश्वासन ला उनुका के धन्यवाद देत बा. साथ ही लोकसभा स्पीकर के आभार जतावल गइल बा कि उनुका सभापतित्व काल में एह आशय के आश्वासन मिलल.

सांसद जगदम्बिका पाल, संजय निरूपम, रघुवंश प्रसाद सिंह, शत्रुघ्न सिन्हा, उमाशंकर सिंह, नीरज शेखर वगैरह सगरी संसद के आभार जतावल जात बा जे लोग समय समय पर संसद में भोजपुरी के सवाल उठावत आइल बा.. एही सांसदन के लगातार दबाव का चलते गृहमंत्री के आश्वासन मिल सकल. ई बिल पास भइला पर भोजपुरी भाषा के सम्मान बढ़ी आ भोजपुरी समाज अपना के गौरवान्वित महसूस करी.

भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे के मांग करे वालन में भोजपुरी समाज दिल्ली हमेशा अगुआ रहल बा. एह कड़ी में हाल ही में 4 अप्रैल 2012 के भोजपुरी समाज 62 गो सांसदन के चिट्ठी भेज के एह दिसाईं निहोरा कइले रहुवे. समाज के पूरा विश्वास बा कि संसद के मानसून सत्र में एह आश्वासन के पूरा कर दिहल जाई.


(स्रोत – भोजपुरी समाज दिल्ली के विज्ञप्ति)

1 Comment

  1. Sunil Patel

    Udhar aswasan khatir hamaro pre-paid dhanyabad