भोजपुरी साहित्यकार डा॰ अशोक द्विवेदी के मिली “लोककवि सम्मान”

VidyaNiwasSamman
पंडित विद्यानिवास मिश्र के जयंती का मौका पर 14 जनवरी 2015 का दिने भोजपुरी के महान साहित्यकार डा॰ अशोक द्विवेदी के ‘लोककवि सम्मान’ से सम्मानित कइल जाई.

पंडित विद्यानिवास मिश्र के स्मृति में दिहल जाए वाला पुरस्कार खातिर एगो चयन समिति सुनीता जैन का अध्यक्षता में बनल रहे. सदस्य रहले विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, अरूणेश नीरन, सत्यदेव त्रिपाठी आ दयानिधि मिश्र. समिति के फैसला रहल कि विद्याश्री न्यास का ओर से साल 2015 के ‘विद्यानिवास मिश्र सम्मान’ प्रसिद्ध समीक्षक आ कवि नंद किशोर आचार्य के उनुका हिन्दी किताब ‘रचना का अंतरंग’ खातिर दिहल जाई.

भोजपुरी पत्रिका ‘पाती’ का माध्यम से भोजपुरी के निरंतरन नव्य चेतना दिहला खातिर भोजपुरी के मशहूर कवि आ कहानीकार डा॰ अशोक द्विवेदी के ‘लोककवि सम्मान’, बनारस घराना के मशहूर गायिका सुचरिता गुप्ता के ‘लोककला सम्मान’ आ मशहूर कवि श्रीकृष्ण तिवारी के सम्मान में दिहल जाएवाला ‘गीतकार सम्मान’ से कवि ब्रह्माशंकर पाण्डेय के सम्मानित कइल जाई.

सगरी सम्मान पंडित विद्यानिवास मिश्र के जयंती का मौका पर 14 जनवरी 2015 का दिने वाराणसी में होखे वाला समारोह में दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।