भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड्स के टीवी प्रसारण

भोजपुरी फिल्मोद्योग के ट्रेड मैगजिन भोजपुरी सिटी एह साल आपन पहिलका सिने अवार्ड फंक्शन मुंबई में आयोजित कइले रहे. एह आकर्षक कार्यक्रम के बेसी से बेसी लोग तक चहुँपावे खातिर आजु १८ जून २०११ के ओकर टीवी प्रसारण साँझ सात बजे से नौ बजे तकले सहारा समय राष्ट्रीय आ सहारा समय बिहार पर देखावल जाई. सहारा समय यूपी पर ई कार्यक्रम आजु रात दस बजे से बारह बजे ले कइल जाई.

जे लोग आजु के प्रसारण कवनो कारण से ना देख पाई ऊ लोग काल्हु दिन में एक बजे से तीन बजे का बीच देख सकेला.


(स्रोत – भोजपुरी सिटी)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।