Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

भोजपुरी सितारन के दीवाली

दीवाली के जश्न हर वर्ग के लोग मनावेला. चाहे ऊ आम होखें भा खास. एह दिने सभे गले मिलेला मिठाई बाँटेला. आम लोग का साथे भोजपुरी फिल्मी दुनिया के सितारा लोगो धूमधाम से दीवाली मनावेला. दीवाली त बीत गइल बाकिर पेश बा दीवाली से पहिले सितारन से भइल बातचीत दीवाली पर.

याद आवेला भोजपुरिया दीवाली : मनोज तिवारी
उत्तर प्रदेश आ बिहार के दीवाली हमरा से भुलइले ना भुलाव. हम आ हमार एगो दोस्त बहुते शैतान रहनी जा. दीवाली का दू दिन पहिलही से हमनी का सड़क पर पटाखा फोड़ल शुरु कर देत रहीं. एह चलते कई बेर हमार पिटाइयो भइल. अब अफसोस एकर रहेला कि अब ई सब शरारत घर का भितरीए करे के होला. हमरा ला दीवाली रोशनी के तेहवार ह जे मन में खुशियन के उजियार भर देले.

मत छोड़ीं तेज आवाज वाला पटाखा : रिंकू घोष

हमरा खातिर सबसे यादगार दीवाली ऊ होले जवन हम अपना मम्मी-पापा का साथे मनाइले. पटाखा छोड़त हमनी का बहुते एन्जॉय करीले. हमार परवरिश बेटा का तरह भइल आ हम सबकुछ लड़ीकने का तरह करीहे. हमार मानल ह कि दीवाली का मौका पर तेज आवाज वाला पटाखा छोड़ के पलूशन ना बढ़ावे के चाहीं. एकरा अलावे जरूरत से बेसी लाइटिंगो ना करे चाहीं. एह खास मौका के हम अपना फैमिली का साथे सेलिब्रेट करल सबले बढ़िया समुझीले.

अबकी का दीवाली पर मां के कमी अखरी : विनय आनंद
हर आदमी का तरह हमहु दीवाली मनावल कबो ना भुलाईं, मां के हाथ के बनल मिठाई पकवान खाईं सँ आ दोस्तन का साथे मस्ती करी सँ. रात में लक्ष्मी पूजा करे में पूरा परिवार शामिल होखे. अबहियो अपना परिवार का साथ धूम धड़ाका से दीवाली मनाइले बाकिर एह साल माँ के निधन भइला का चलते ना मनाएब. अबकी का दीवाली पर माँ के कमी बहुते अखरी.

घरे पर एन्जॉय करब : हैदर काजमी
हमरा खातिर दीवाली दीवाली प्रार्थना करे आ एन्जॉय करे के दिन ह. अबकी के दीवाली हम धूमधाम से सेलिब्रेट करे वाला बानी, पिछला दिने ‘रंगबाज’ में बिजी रहला का चलते अब हम फेस्टिवल एन्जॉय करे का मूड में बानी. दीवाली पर कवनो फिलिम के शूटिंग नइखे होखत. त हम घरे पर रह के फेमिली का साथे एन्जॉय करब. ‘रंगबाज’ के सुपर डुपर हिट होखला के जश्नो मनाएब.

अबकी के दीवाली मिस करब : गुंजन पंत
अबहीं त बिहार में बानी आ घर के बहुत मिस करत बानी, जब हमनी के परिवार उत्तरांचल में रहत रहे त ओहिजा के दीवाली के मजा कुछ अउरे रहल. हमनी का कबो लाइटिंग वाला सजावट के इस्तेमाल ना कइनी. परंपरागत तरीका से हमनी का माटी के दिया जरावत रहीं. फूलझड़ी आ अनार हमार पसंदीदा पटाखा रहल. तब नया नया कपड़ा पहिर के लक्ष्मी पूजा करे के अलगे मजा रहे. दीवाली के ते बाते निराला ह.

फैमिली के साथ सेलिब्रेट करब : संजय पांडे

हमरा ला बेस्ट दीवाली ऊ होले जवन हम फेमिली का साथ सेलिब्रेट करीलें. तब हम फैमिली का साथ लोनावाला चक जाइलें. एगर कबो दीवाली पर शूटिंग रहल त परिवारे के बोला लिहिलें आ मिल जुल के एन्जॉय करीले आ काम आ मस्ती साथही हो जाला.

एन्जॉय ठीक, लेकिन सावधानीओ ज़रूरी : राजीव दिनकर

दीवाली मौज मस्ती के तेहवार ह. एह दिन पटाखे छुड़ावत सावधानी बरते के चाहीं जेहसे कवनो दुर्घटना ना होखो. ई शांति आ भाईचारा के दिन ह एहसे सब भेदभाव भूला के पॉजिटिव एनर्जी का साथ दीवाली मनावल चाहीं,

अबकी करब जमके एन्जॉय : सीमा सिंह

दीवाली का दिने हम अपना घर पर पूरा परिवार साथे मिल के पूजा करीलें. सब जगह जगमग होखे, ई हमरा पसंद ह. हालांकि असली रोशनी त हमनी का दिल में होखल चाहीं. हम बहुते फ्रेंडली पर्सन हईं आ एह दिन अपना दोस्तन का साथे खुशी एक्सचेंज करीलें. हर साल हम दीवाली के दौरान शूटिंग, प्रमोशन में बिजी रहीले लेकिन अबकी हम दोस्तन का साथ जमके एन्जॉय करब वइसे कवनो यादगार दीवाली हमरा नइखे.

ताश आ जुआ के नो नो: अनारा गुप्ता
जब हम अपना फैमिली आ फ्रेंड्स का साथे दीवाली सेलिब्रेट करीले त उहे हमरा ला बेस्ट होले. ई फैमिली का साथ क्वॉलिटी टाइम बितावे के त्योहार ह. हमरा पटाखा छोड़ल पसन्द ना ह, ना ही हम ताश भा जुआ पसंद करीं. वइसे हम मिठाई कम खानी बाकिर दीवाली पर ई बेसी हो जाला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments