भोजपुरी सिनेमा के किंग मेकर जीतेश दुबे

भोजपुरी के मशहूर निर्माता जीतेश दुबे फेरु साबित कर दिहले बाड़न कि ऊ भोजपुरी सिनेमा के किंग मेकर हउवें. उनुकर फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के डंका आजुवो चारो तरफ बाज रहल बा आ आवे वाली फिल्म “यादव पान भण्डार” के पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से चल रहल बा. पिछला साल जीतेश दुबे के “मुन्नी बाई नौटंकी वाली” आ “बृजवा” ब्लाक बस्टर आफ दि इयर रहली सँ.

जगदीश शर्मा निर्देशित फिल्म “मार देब गोली…” में रविकिशन, गुंजन पंत, दीपक दुबे, किरण कुमार, आ कल्पना शाह जइसन कलाकार शामिल रहले. जीतेश दुबे के कंपनी कृष्णा क्रियेशंस एह से पहिले असलम शेख निर्देशित फिल्म धरमवीर से मैदान में उरतल रहल. अबले तीन गो फिल्म के निर्माण आ एगो के प्रस्तुति समेत चार गो फिल्म से जीतेश भोजपुरी सिनेमा के व्यवसाय बढ़वलन आ उनुकर फिल्मन के नशा वितरकन पर अइसन चढ़ल बा कि मार देब गोली.. के लोग मुँहमाँगा दाम पर खरीद लिहल. जीतेश के प्रोडक्शन नं॰ पाँच हवे “यादव पान भण्डार” जवना में मनोज तिवारी, गुंजन पंत के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।