लौंडे राजा के अँखिया लड़वावत बाड़न रामाकांत प्रसाद

भोजपुरी सिनेमा का परदा पर “लागल रहा ए राजा जी, दिवाना, दाग, दिलजले” जइसन सुपर हिट फिल्म दे चुकल निर्माता निर्देशक अब ले के आवत बाड़े “लड़ाई लऽ अँखिया ए लौंडे राजा”. एह फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन काम जोर शोर से चलत बा आ अब पूरा होखे का कगार पर बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज के बैनर में बनल एह फिल्म में सुपर स्टार पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनारा गुप्ता, दीपक भाटिया, सीमा सिंह, आनंद मोहन, पुष्पा वर्मा, ऋषभ राज, गोलू, नन्हे पान्डेय, धामा वर्मा, नीरज राज पौडेल वगैरह शामिल बाड़े.

गीत अशोक कुमार दीप, विनय बिहारी, बृजेश पाण्डे, आ प्यारेलाल यादव कवि के, संगीत अशोक कुमार दीप के, छायांकन देवेन्द्र तिवारी आ वेल मुरुगन के, एक्शन रियाज सुल्तान के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी आ संजय के बा. ई फिल्म अगिला महीना रिलीज होखे वाला बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. anand dev

    happy mansoon pawan bhaiya

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..