भोजपुरी सिनेमा के खबर

चार गो फिल्म ले के धमाल मचावे अइलन पंकज केसरी

जुलाई आ अगस्त महीना में एगो दू गो ना, बलुक चार गो फिलिम ले के धमाल मचावे आइल बाड़े पंकज केसरी. आ चारो में उनकर अन्दाज नया नया बा. एह फिल्मन के नाम बा, तेजाब, द ग्रेट हीरो हीरालाल, मोरा बलमा छैल छबीलात्रिनेत्र.
पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

छक्का लगावे का तईयारी में आलोक कुमार

भोजपुरी सिनेमा के बड़हन निर्माता आलोक कुमार आजुकाल्हु छक्का लगावे का तइयारी में लागल बाड़न. ऊ लगातार छह गो हिट फिल्म देबे वाला पहिलका निर्माता बने से कुछे कदम दूर बाड़े. उम्मीद बा कि अगिला छह अगस्त के रिलीज होखे जा रहल भईया के साली ओढ़निया वाली उनकर ई रिकार्ड बनावे के क्रम पूरा कर दी.

पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

विनय आनन्द बनलन हॉट केक

भोजपुरी फिल्म दामिनी के मिलल सफलता का बाद विनय आनन्द फेर से भोजपुरी के सुपर स्टार गिनाये लागल बाड़न. ओकरा बाद से ऊ लगातार सफल फिल्म दे रहल बाड़े. अब जाबांज जिगरवाला के सफलता देख उनकर भाव बढ़ गइल बा आ निर्माता उनका के धड़ाधड़ अपना फिल्मन खातिर साइन कर रहल बाड़े.

पूरा जानकारी खातिर सिनेभोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।