भोजपुरी सिनेमा के खिसियाइल नौजवान दीपक दूबे


दीपक दूबे बतौर नायक अबले चार गो फिल्म में काम कइले बाड़न आ चारो सुपर डुपर हिट रहल. “मुन्नी बाई नौटंकीवाली” त साल २००९ के सबले बड़ हिट फिल्म साबित भइल रहे. ओकरा बाद आइल उनुकर तीनो फिल्म, “बृजवा, तू ही मोर बालमा, मार देब गोली केहू ना बोली”, दीपक दूबे के सफलतम स्टारन का सूची में शामिल करा दिहलसि. आजु हर निर्माता अपना फिल्म में दीपक दूबे के लिहल चाहत बा काहे कि ऊ गजब के एक्शन करेले, कामेडी में बेजोड़ बाड़न, आ रोमांस में त उनुकर जबाबे नइखे. अब दीपक दूबे के चाकलेटी हीरो का तरह पेश करत फिल्म “बुलन्दी”जल्दिये रिलीज होखे वाला बा. एह फिल्म खातिर महीना भर के मशक्कत का बाद दीपक दूबे आपन देह सलमान खान का तरह बना लिहले. फिल्म में उनुकर एक्शन आ अभिनय लाजवाब उतरल बा. लागत बा दीपक दूबे भोजपुरी सिनेमा के खिसियाइल नौजवान वाली खाली जगहा पर काबिज होखे जा रहल बाड़न. उनका साथे काम करे खातिर भोजपुरी सिनेमा के कई गो नायिका तइयार बाड़ी.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..