भोजपुरी सिनेमा के चउथका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मलेशिया में


भोजपुरी सिनेमा के अकेला इंटरनेशनल फिल्म फेस्टीवल अबकी मलेशिया में 21 जुलाई 2018 के होखे जा रहल बा.
एह अवार्ड समारोह के जानकारी देत यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा बतवलें कि एह अवार्ड समारोह में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी, हिन्दी फिल्मों के सुनील शेट्टी, भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन, दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, विनय आनंद, कृष्णा अभिषेक, अरविन्द अकेला कल्लू, रितेश पांडे, मधु शर्मा, मोनालिशा, आम्रपाली दुबे, अक्षरा सिंह, पायल रोहतगी, शिविका दिवान, श्यामली, शुभी शर्मा, राकेश मिश्रा अउर राजीव मिश्रा समेत अनेके लोग शिरकत करी. एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा में योगदान देबे वाला कुछ खास अतिथियन के सम्मानो कइल जाई. साथही सबले नीक फिलिम आ कलाकार अउर टेक्निशियनो के सम्मान कइल जाई. समारोह में मलेशिया सरकार के आ भारत के कुछ बहुते खासो अतिथि शामिल होखिहें.
जान जाईं कि विदेश में भोजपुरी सिनेमा के पहिलका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मॉरीशस में करावल गइर रहुवे आ ओकरा बाद दुबई में. पिछला साल एकर आयोजन लंदन में कइल गइल आ अब भोजपुरी सिनेमा के चउथका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मलेशिया में आयोजित कइल जा रहल बा.


(शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..