भोजपुरी सिनेमा के दबंग स्टार सुशील सिंह

जब परदा पर एक्शन करे त जलजला आ जाव, रोमांस करे त दर्शक ओहमें आपन छवि देखे लागस. सुशील सिंह अइसने स्टार हउवन जिनका के “हम हईं मुन्ना भईया” एगो दबंग नायक बना दिहलसि. सुशील सिंह के फिलिमन में शामिल केहू हमसे जीत ना पाई, फौलाद, रामलखन, आ चिंगारी ई साबित करे खातिर कागी बा कि सुशील सिंह भोजपुरिया परदा के दबंग स्टार हउवें. पिछला दिने इकबाल बख्श निर्देशित फिल्म राम लखन का शूटिंग में सुशील सिंह के देखे खातिर फिल्म सिटी में सैकड़न दर्शकन के भीड़ जमा रहे. एह फिल्म में सुशील के जबरदस्त एक्शन आ कामेडी पंच बा. उनकर नायिका बनल बाड़ी अनारा गुप्ता. एफ फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवें नागेश मिश्रा. वइसे आजुकाल्ह हर बड़का निर्माता सुशील सिंह के ले के फिल्म बनावत बा.

स्रोत शशिकान्त सिंह

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।