भोजपुरी सिनेमा के दबंग स्टार सुशील सिंह

जब परदा पर एक्शन करे त जलजला आ जाव, रोमांस करे त दर्शक ओहमें आपन छवि देखे लागस. सुशील सिंह अइसने स्टार हउवन जिनका के “हम हईं मुन्ना भईया” एगो दबंग नायक बना दिहलसि. सुशील सिंह के फिलिमन में शामिल केहू हमसे जीत ना पाई, फौलाद, रामलखन, आ चिंगारी ई साबित करे खातिर कागी बा कि सुशील सिंह भोजपुरिया परदा के दबंग स्टार हउवें. पिछला दिने इकबाल बख्श निर्देशित फिल्म राम लखन का शूटिंग में सुशील सिंह के देखे खातिर फिल्म सिटी में सैकड़न दर्शकन के भीड़ जमा रहे. एह फिल्म में सुशील के जबरदस्त एक्शन आ कामेडी पंच बा. उनकर नायिका बनल बाड़ी अनारा गुप्ता. एफ फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवें नागेश मिश्रा. वइसे आजुकाल्ह हर बड़का निर्माता सुशील सिंह के ले के फिल्म बनावत बा.

स्रोत शशिकान्त सिंह

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..