भोजपुरी सिनेमा के नयका एक्शन हीरो सूरज

SurajSingh
भोजपुरी सिनेमा में एक्शन हीरो के रूप में अपना के टिकावे आवत बाड़न सूरज सिंह. बचपने से मार्शल आर्ट के शौकीन रहल अभिनेता सूरज के पहिला प्यार मार्शल आर्टे ह. देश विदेश में एकर ट्रेनिंग कर चुकल सूरज जिम्नास्टिक आ स्टंट के एक्सपर्ट हउवन. फिलिमन के व्यस्तता के बावजूद सूरज रोज चार से छह घंटा ट्रेनिंग करेले.

बिहार के पटना शहर के मूल निवासी सूरज सिंह ओम सीरीज बैनर के फिलिम ’दिल और दिवार’ में बतौर एक्शन हीरो नजर अइहें. नायिका रहीहें रानी चटर्जी. एह फिलिम के निर्माता (इंस्पेक्टर चांदनी फेम) अरुण कुमार हउवन आ निर्दशक अजय सिंह.

बाकी कलाकारन में नेहा तिवारी, सोनू, दिनेश राय, पूनम पाण्डेय, अउर दीपक भाटिया के नाम खास बा.

अभिनेता सूरज बतावत बाड़न कि ‘दिल और दीवार’ के सगरी स्टंट उ खुदे कइले बाड़न. एगो गाना में जिम्नास्टिक के इस्तेमाल भइल बा. सूरज कम फीस ले के प्रोडक्शन के फायदा करवावल चाहत बाड़न जेहसे बढ़िया फिलिम बने में सहायता मिले.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..