भोजपुरी सिनेमा के पचाससाला समारोह के दुसरका दिन

पटना में हो रहल तीन दिन के समारोह का दुसरका दिने श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में प्रसिद्ध भोजपुरी गायिका विजया भारती अपना लोक गीत के शानदार प्रस्तुति दिहली. गायक सुशील बावेजा के भजन आ अशोक पांडे के तबलावादन लोग के मन मोह लिहलसि. ए॰एन॰सिन्हा इंस्टीच्यूट में मंगल का दिने तीन गो फिल्म देखावल गइली सँ, बलम परदेसिया, परिवार, आ पंडितजी बताईं ना बियाह कब होई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..