भोजपुरी सिनेमा के पहिलका आयटम डाँस

अब हम कइसे चलीं डगरिया

हम त खेलत रहनी अम्मा जी के गोदिया
करि गइले तबहि बिआह रे बिदेसिया
छव रे महिना कहि के गइले कलकतवा
बीत गइल बारह बरीस रे बिदेसिया

अब त लागल मोरा सोरहवाँ साल
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला

पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
हो रैन अन्हरिया टिप टिप बरसे
रिस रिस जिया रिसाय
घर घर सब बतियावेला
अब हम कइसे सहीं नजरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला.

बाग बगइचा महुआ फूले
अमवा जब मोजराय
बाग बगइचा महुआ फूले
अमवा जब मोजराय
हो पापी पपीहा बोलिया मारे
जियरा मोरा जराय
मन मोरा डुबत जाला ना
देहिया जइसे चढ़े उमरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चली डगरिया
लोगवा नजर लगावेला

पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
हो रैन अन्हरिया टिप टिप बरसे
रिस रिस जिया रिसाय
घर घर सब बतियावेला
अब हम कइसे सहीं नजरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला.


अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।