भोजपुरी सिनेमा के मरद मनई विनय आनन्द

भोजपुरी सिनेमा में एगो सनी देओल जइसन मरद मनई के कमी हमेशा खलल बा आ अब विनय आनन्द अपना जबरदस्त एक्शन से ओह कमी के दूर करे आ रहल बाड़न. रवि सिन्हा निर्देशित फिल्म “एलान ए जंग” में विनय आनन्द के काम देख के घायल आ घातक के सनी देओल के याद ताजा हो जाई. पिछला दिने मुंबई के फिल्मिस्तान स्टूडियो में बनल जेल का भीतर करीब दूई सौ फाइटरन का बीच कैदी बनल विनय आनन्द पर एक्शन फिल्मावल गइल त पूरा टीम ऊ एक्शन देख के दंग रह गइल.

विनय आनन्द के जबरदस्त एक्शन “हमरा नामे जिला हिलेला” फिल्मो में देखे के मिले वाला बा जवना के भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी में बनावल जा रहल बा. एह दुनु फिल्मन में विनय आनन्द के एक्शन देख के बहुते निश्चिन्त भाव से कहल जा सकेला कि भोजपुरी सिनेमा के मरद मनई के कमी खतम हो गइल आ विनये आनन्द ऊ मरद मनई हउवें. कहल जात बा कि कॉमेडी आ रोमांस में माहिर विनय आनन्द एक्शन के बाकायदा ट्रेनिंग लिहले बाड़न आ मार्शल आर्ट्स, घुड़सवारी आ तलवारबाजी में उनुकर जोड़ ना मिली.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *