भोजपुरी सिनेमा के राजा साहब संजय पाण्डे
प्रजा त अनेके होलें बाकिर राजा एके गो होला. आ एह बात के फेर साबित कइले बाड़े संजय पाण्डे. राजकुमार पांडे का निर्देशन में बनल सात सहेलियाँ में राजा साहब के किरदार अतना ठसक का साथ कइले बाड़े संजय पाण्डे कि पूरा फिल्म के जाने बन गइल बाड़न ऊ.
भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ का साथे दिवाना में मुख्य खलनायक बन के चर्चा बिटोरे वाला संजय पांडे आजु का तारीख में भोजपुरी के नम्बर खलनायक बाड़े. दिवानासात सहेलियाँ सफलता के रिकार्ड बनवले बाड़ी सँ. अब संजय पांडे भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन आ पबन सिंह का साथ देवरा बड़ा सतावेला में, दिनेशलाल का साथे दागमृत्युञ्जय में अपना एक्टिंग के जलवा देखइहें, त पान भण्डार में मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथ, बिल्लोरानी नौटंकीवाली में विजय लाल यादव का साथ आवे वाला बाड़न. बताशा चाचा लहरिया लूटऽ ए राजा में ऊ अपना अभिनय से निमन निमन लोग  के पसीना छोड़वा दीहें.
पिछला साल संजय पांडे के फिल्म बृजवाबवाल करे छेदिया सुपर डुपर हिट रहली सँ आ एहू साल राजा साहब का लगे  एक से बढ़ के  एक चुनिन्दा फिल्म बाड़ी सँ. साँचहू भोजपुरिया खलनायकन में राजा साहब बाड़े संजय पांडे.
स्रोत शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।