भोजपुरी सिनेमा के सबले कम उमरिया नायक ‘‘प्रदीप पाण्डेय’’

भोजपुरी फिलिमन के सबले कम उमरिया नायक हउवें प्रदीप पाण्डेय ‘‘चिंटू’’. ‘दीवाना’ जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म से शुरआत करे वाला चिंटू अबहीं अठारहे साल के बाड़े आ बी. कॉम सेकण्ड ईयर के छात्र हउवें. प्रदीप बतौर नायक अपना पिता आ भोजपुरी फिलिमन के सुपरहिट निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिल्म ‘‘देवरा बड़ा सतावेला’’ में अभिनय कइले रहले. रवि किशन, पवन सिंह जइसन सुपरस्टारों का रहते हुए एह प्रदीप दर्शकन पर आपन छाप छोड़े में सफल रहले. आ तब ओकरा बाद ‘लहरिया लुटऽ ए राजा जी’, मैं नागिन तू नगिना, आ दुश्मनी, में अपना अभिनय से प्रदीप दर्शकन के पसंदीदा नायक बनत गइले.

प्रदीप पाण्डेय ‘‘चिंटू’’ फेर एक हाली परदा पर छाये खातिर तइयार बाड़े आ उनुकर दू गो फिलिम ‘‘पियबा बडा सतावेला’’ आ ‘‘ट्रक ड्राइवर’’ जल्दिये रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. आ एह दुनु फिलिमन में चिंटू के नायिका बनल बाड़ी काजल रघानी. प्रदीप अपना फिल्मी कैरियर से संतुष्ट बाड़े आ अबही बहुते कुछ अउर करे के तमन्ना पोसले बाड़े. प्रदीप पाण्डे अपना सफलता का पूरा श्रेय अपना पिता राजकुमार आर. पाण्डेय के देले.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।