भोजपुरी सिनेमा खातिर सगुनिया बाड़ी किरण यादव

भोजपुरी फिलिमन ला किरण यादव के सगुनिया मानल जाला. जवने फिलिम में ई महतारी बनेली ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट हो जाले. ‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘साजन चले ससुराल’, ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘मुन्ना बजरंगी’ आ ‘औलाद’ एकर प्रमाण बा.

35 से अधिकका फिलिमन में काम कर चुकल किरण यादव ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘राजा भोजपुरिया’, ‘कन्या दान’ फिलिमन से आपन अलग पहचान बनवली. मूलतः बनारस के रहे वाली किरण यादव के नइकीओ फिलिम, ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’, एह घरी सफलता के डंका बजावत बिया. एकर निर्देशक हउवन दिनेश यादव. इनकर ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो के दर्शक बहुते पसंद कइले बाड़ें. किरण यादव भोजपुरीए ना, हिंदीओ फिलिमन में कामयाबी बरसवले बाड़ी. एह हिन्दी फिलिमन में खास बा ‘गैंग ऑफ वासेपुर’.

किरण यादव के सिनेमा भोजपुरी के निरुपा राय कहल जाला बाकि किरण के कहना बा कि उनुकर निरुपा राय भा राखी क रूप में पहचान बने एहले बेसी खुशी एहसे मिली कि लोग उनुका के किरणे का रूप में जानसु.

किरण यादव के आवे वाली फिलिमन में ‘दूध का कर्ज’, ‘लहू के दो रंग’, ‘बगावत एक आग’, ‘सईयां अरब गईले ना’ शामिल बाड़ी सँ. फिलहाल अतना त तय बा कि भोजुपरी सिनेमा निर्माता किरण के पारस मानेलें.

किरण यादव के पति तेज बहादुर बनारस में आकाशवाड़ी से जुड़ल बाड़ें आ बेहतरीन अभिनेता का साथे साथ सिद्धांतो के पकिया हउवन. कहेलें कि ऊ जवना फिलिम में काम ना करसु ओकरा सेट पर ना जासु.


(शशिकांन्त सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।