Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

भोजपुरी सिनेमा जगत से…

मुन्नी के जलवा अब भोजपुरीओ में

मुन्नी बदनाम हुई गाना से चर्चित भइल गायिका ममता शर्मा के मनोहारी आवाज अब भोजपुरी फिल्म “जुदाई” में सुने के मिली. एह फिल्म खातिर ममता शर्मा के गावल गाना फायर डांसर कशिश पर एगो शानदार सेट बनवा के फिल्मावल गइल बा. एह खातिर मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में एगो अपराधी गिरोह के सेट लगावल गइल रहे. फिल्म के निर्मात्री प्रिया भट्टाचार्य एह में कवनो कसर ना आवे दिहली. फिल्म के निर्देशक हउवें विवेक कुमार राव, गीत विनय बिहारी के बा, संगीत प्रशान्त राज के. नृत्य निर्देशक विवेक शर्मा आ कैमरामैन सुरेश कोरियन. फिल्म के मुख्य कलाकारन में पंकज केसरी, प्रियंका पाठक शामिल बाड़े.


(स्रोत : शशिकान्त सिहं)


विनय आनन्द मार्शल आर्ट सीखे में लागल बाड़े

मुंबई पुलिस के कमाण्डो ट्रेनिंग देबे आइल पी के सिंह आजुकाल्हु भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द के मार्शल आर्ट सिखावे में लागल बाड़े. पी के सिंह मशहूर हांगकांग के शाओलिन कूंग फू सेन्टर के एक्सपर्ट ट्रेनर हउवें. विनय आनन्द एह ट्रेनिंग खातिर रोजाना सबेरे आ साँझ दू दू घंटा दे रहल बाड़े. विनय आनन्द के एक्शन के तारीफ पी के सिंहो करत बाड़े कि विनय आनन्द बहुते बढ़िया से सबकुछ सीख रहल बाड़े. कामेडी आ रोमांस के जानदार अभिनेता विनय आनन्द जब मार्शल आर्ट के ट्रेनिंग पूरा कर लीहें त एक्शनो के शानदार अभिनेता बनि जइहें.


(स्रोत : शशिकान्त सिहं)


भोजपुरी सिनेमा के नया जलवा रीतू पाण्डेय

भोजपुरी सिनेमा के कामेडी अदाकारा रीतू पाण्डेय यूपी के आजमगढ़ जिला के फुलपुर के हई आ एह चलते भोजपुरी से उनकर विशेष लगाव बा. रीतू पाण्डेय के कैरियर मराठी फिल्म आ लावणी से शुरु भइल आ बाद में ऊ भोजपुरी सिनेमा में अइली. कई गो धारावाहिकन में बढ़िया काम कर चुकल रीतू पाण्डेय भोजपुरी सिनेमा के हास्यकलाकारन का साथे जोड़ी में आवेली आ अपना अदाकारी से दर्शकन के हँसा हँसा के लोटवा देबेली. रीतू पाण्डेय के आवे वाली फिल्मन के नाम बा, दिल तोहरा प्यार में पागल हो गइल, कर्तव्य, दिलजले, गोरिया के गोरे गोरे गाल.


(स्रोत : दिनेश चन्दर, रंजन सिन्हा)


नागेश मिश्रा भोजपुरी फिल्म निर्माण में अइलें

कुशीनगर गोरखपुर के रहे वाला आ मुंबई में मशहूर वकील नागेश मिश्रा भोजपुरी फिल्मोद्योग में निर्माता आ प्रस्तुतकर्ता का रुप में आ गइल बाड़े. उनकर पहिला प्रस्तुति रहे “हम हईं मुन्ना भईया” जवन कि शानदार सफलता पवले रहे. नागेश मिश्रा तीन गो अउरी फिल्म प्रस्तुत करे जा रहल बाड़े, “दिल तोहरा प्यार में पागल हो गइल, राम लखन, आ अग्निकुण्ड”. नागेश मिश्रा सबसे पहिले तब चरचा में आइल रहले जब ऊ ममता कुलकर्णी के टॉपलेस फोटो वाला मामिला में वकील रहलें. श्रीदेवी आ बोनी कपूर के त ऊ घरऊ वकील हउवें. कमाल खान के फिल्म “देशद्रोही” के मुकदमो उहे देखलें. हालफिलहाल ऊ वैतरणी डैम में चीनी कंपनी के घुसपैठ के सवाल उठवला का चलते चर्चा में अइले. पिछला दिने मिस जम्मू रहल अनारा गुप्ता कहले रही कि नागेश मिश्रा उनका के वकालत में आपन जूनियर बनावे के कहले बाड़े बशर्ते ऊ आपन लॉ वाली पढ़ाई बढ़िया से कर लेसु.


(स्रोत : शशिकान्त सिहं)


संजय पाण्डे लगातार हिट पर हिट दे रहल बाड़े

भोजपुरी सिनेमा के खलनायक न॰ १ संजय पाण्डे आजुकाल्हु हिट पर हिट दे रहल बाड़े. भोजपुरी के हर सुपर स्टार का साथे आ चुकल संजय पाण्डेय खलनायकी में शिखर पर आ गइल बाड़े. पिछला दिने “कजरारे कजरारे” का धुन पर ऊ फिल्म “बताशा चाचा” खातिर एगो मजेदार नाच कइले बाड़न. एह फिल्म में संजय के भूमिका एगो किन्नर के बा जे लड़िकन के अपहरण में लागल रहेले.


(स्रोत : शशिकान्त सिहं)


0 Comments