भोजपुरी से एम. ए. करे के इच्छुक विद्यार्थी खातिर आवश्यक सूचना


बी. आर. अम्बेडकर बिहार विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर के लंगट सिंह कालेज, मुजफ्फरपुर से भोजपुरी विषय से स्नातकोत्तर ( एम. ए. ) करे के इच्छुक विद्यार्थी 20 दिसम्बर, 2023 से 10 जनवरी, 2024 तक विश्वविद्यालय के साइट https://umis.brabu.ac.in/ पर जाके आवेदन पत्र भर देस.

जाने जोग बा कि भोजपुरी विषय में शैक्षिक अर्हता के ना होखे का चलते अबकी बिहार में ढ़ाई सौ भोजपुरी शिक्षक के नियुक्ति ना हो सकल. योग्यता बेरोजगारी दूर करके सर्वोत्तम साधन ह.

मनोयोग से भोजपुरी विषय – विभाग में पढ़े खातिर संकल्पित आवेदके आवेदन करस.

अधिक जानकारी ला संपर्क –
प्रो. जयकान्त सिंह
भोजपुरी विभाग, लंगट सिंह कालेज, मुजफ्फरपुर
मोबाइल नम्बर – 9430014688

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।